Patna Accident : पटना में गंगा स्नान के दौरान बड़ हादसा, चार गाे लईकी डूबली सs, बचावे गइल लोग फंसल

Share

पटना। पटना जिला के बाढ़ थाना क्षेत्र में उमानाथ गंगा घाट पs स्नान के दौरान एगो गंभीर हादसा भइल। नवादा जिला के पकरीबरावां थाना क्षेत्र से आइल एगो परिवार श्राद्ध कर्म के बाद गंगा घाट पs सुद्धिकरण खातिर स्नान करे गइल रहे। अचानक परिवार के चार गो लईकी गहिराह पानी में डूबे लगली सs।

बतावल जा रहल बा कि परिवार के कुछ लोग नाव से गंगा के दुसरका किनारा पs स्नान करे गइल, जबकि कुछ लोग पहिला किनारा पs रुकल रहल। उमानाथ घाट के सामने दुसरका किनारा पs कवनो पक्का घाट नइखे, जवना से पानी कुछ जगहन में कम आ कुछ जगहन में अचानक गहिराह हो जाला। एह कारण लोगन के खतरनाक इस्थिति बन गइल।

जब लईकी लोग डूबे लागल, तब ओह लोगन के बचावे खातिर शोर मच गइल। आवाज सुनके एगो महिला सहित तीन लोग मदद खातिर पानी में कूद गइल, बाकिर गंगा के तेज धारा आ घबराइल लईकियन के पकड़ के रखला से ई लोग डूबे लागल। एह घटना में कुल सात लोग पानी में फंस गइल।

घटना के समय आसपास मवजूद नाविक लोग तत्परता देखावत तुरंत बचाव कार्य सुरू कइल। नाविक लोग छव लोगन के सुरक्षित बाहर निकाल लिहल, बाकिर एगो लईकी अभी तक लापता बिया।

सूचना मिलतही पुलिस मवका पs पहुंचल आ लापता लईकी के खोज खातिर स्थानीय नाविक आ गोताखोर के मदद लिहल जा रहल बा। अधिकारी लोग कहत बा कि गंगा के तेज धारा आ उमानाथ घाट पs पक्का घाट के अभाव से लोग अक्सर एह तरे के खतरा में पड़ जाला।

अधिकारियन के अपील बा कि गंगा में स्नान करत समय सुरक्षा के पूरा ध्यान रखल जावs, विशेषकर गहिराह पानी वाला जगह पs अकेला मत जाई।

Read Also: Ayodhya : 19 मार्च से राम मंदिर बदलल समय पs खुली, राष्ट्रपति के दौरा पs पड़ी प्रभाव

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-