यात्रीगण कृपया ध्यान देईं: बरौनी-नई दिल्ली निरस्त, सात ट्रेनन के बदलल रास्ता
पूर्व मध्य रेलवे के बरौनी स्टेशन पर नयका लूप लाइन के निर्माण के काम खातिर दू से पांच दिसंबर ले प्री-नॉन इंटरलॉक कार्य अउर छह से आठ दिसंबर, ले नॉन इंटरलॉक काम करावल जाई। एकरे खातिर रेल प्रशासन यातायात ब्लॉक दिहले बा। जेकरे चलते ट्रेन के संचालन प्रभावित रही।
निरस्तीकरण
- बरौनी से चार से आठ दिसंबर ले चले वाली बरौनी-नई दिल्ली एक्सप्रेस विशेष गाड़ी।
- नई दिल्ली से पांच से नौ दिसंबर ले चले वाली नई दिल्ली-बरौनी विशेष गाड़ी।
शार्ट टर्मिनेशन
- ग्वालियर से छह अउर सात दिसंबर के चले वाली ग्वालियर-बरौनी एक्सप्रेस छपरा में यात्रा समाप्त करी
- बांद्रा टर्मिनस से तीन से पांच दिसंबर तक चले वाली बांद्रा टर्मिनस-बरौनी एक्सप्रेस मुजफ्फरपुर में यात्रा समाप्त करी।
शार्ट ओरिजिनेशन
- बरौनी सात अउर आठ दिसंबर के चले वाली बरौनी-ग्वालियर एक्सप्रेस छपरा से चलावल जाई।
- बरौनी छह से आठ दिसंबर तक चले वाली बरौनी-बांद्रा टर्मिनस एक्सप्रेस मुजफ्फरपुर से चलावल जाई।
मार्ग परिवर्तन
- सहरसा से छह से आठ दिसंबर तक चले वाली सहरसा-नई दिल्ली एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग खगड़िया-नरहन-समस्तीपुर-मुजफ्फरपुर के रास्ते चलावल जाई।
- कटिहार से पांच से सात दिसंबर तक चले वाली कटिहार-अमृतसर एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग खगड़िया-नरहन-समस्तीपुर के रास्ते चलावल जाई।
- अमृतसर से पांच से सात दिसंबर तक चले वाली अमृतसर-कटिहार एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग समस्तीपुर-नरहन-खगड़िया के रास्ते चलावल जाई।
- नाहरलागुन से छह दिसंबर को चले वाली नाहरलागुन-आनंद विहार टर्मिनस एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग खगड़िया-नरहन-समस्तीपुर-मुजफ्फरपुर-हाजीपुर के रास्ते चलावल जाई।
- सहरसा से सात दिसंबर के चले वाली सहरसा-आनंद विहार टर्मिनस एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग खगड़िया-नरहन-समस्तीपुर-मुजफ्फरपुर के रास्ते चलावल जाई।
Comments are closed.