OnePlus 15T : 7,500mAh बैटरी वाला कॉम्पैक्ट फ्लैगशिप 5G फोन, एमे बा 100W सुपर फ्लैश चार्जिंग 

OnePlus 15T smartphone

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क। स्मार्टफोन कंपनी OnePlus जल्दिये आपन नया फ्लैगशिप फोन लॉन्च करे जा रहल बा। खबर बा कि कंपनी चीन में OnePlus 15T नाम से ई नया स्मार्टफोन पेश करे वाली बिया। ई फोन OnePlus 13T के सक्सेसर मानल जा रहल बा, जवन अप्रिल 2025 में लॉन्च भइल रहे। लॉन्च से पहिलही कंपनी फोन के पहिला ऑफिशियल फोटो जारी कs देले बिया, जवना से फोन के डिजाइन आ कैमरा लेआउट के झलक मिल गइल बा।

जारी कइल फोटो से पता चल रहल बा कि OnePlus 15T में पतला साइड बेजल आ कॉम्पैक्ट बॉडी मिले वाला बा। मतलब कंपनी ई फोन के छोट स्क्रीन वाला फ्लैगशिप फोन के रूप में पेश करे के तइयारी में बिया।

OnePlus 15T के डिजाइन

कंपनी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म Weibo पs फोन के कुछ फोटो शेयर कइले बिया। फोटो में देखल जा सकत बा कि फोन के पीछे स्क्वॉरकल शेप वाला कैमरा मॉड्यूल दिहल गइल बा। एह कैमरा मॉड्यूल में डुअल रियर कैमरा सेटअप बा, जवन LED फ्लैश के संगे आवे वाला बा। ई डिजाइन कुछ हद तक OnePlus 13s, OnePlus 15 आ OnePlus 15R जइसन मॉडल से मिलत-जुलत लाग रहल बा।

डिस्प्ले आ फीचर्स

स्पेसिफिकेशन के हिसाब से फोन में 6.32 इंच के फ्लैट डिस्प्ले मिल सकेला। कंपनी दावा करत बिया कि स्क्रीन के चारो तरफ बहुत पतला बेजल होई, जवन फोन के लुक के आउर प्रीमियम बनाई।

कैमरा के बात कइल जावs तs फोन में अपग्रेडेड LUMO पेरिस्कोप टेलीफोटो लेंस मिल सकेला। एकरा अलावा फोन में IP66, IP68, IP69 आ IP69K रेटिंगो रहे वाला बा, जवन फोन के धूल आ पानी से बेहतर सुरक्षा दी।

दमदार बैटरी आ चार्जिंग

OnePlus 15T के सबसे खास बात एह फोन के 7,500mAh के बड़ी बैटरी बा। OnePlus चीन के प्रेसिडेंट ली जी के मोताबिक, एकर बैटरी बड़ स्क्रीन वाला फ्लैगशिप फोन से जादे पावरफुल बा।

एह फोन में 100W सुपर फ्लैश चार्जिंग के सपोर्ट मिली। एकरा संगे बाईपास चार्जिंग फीचरो होई, जवन गेमिंग आ भारी इस्तेमाल के दौरान बैटरी के बेहतर मैनेज करे में मदद करी।

कुल मिलाके OnePlus 15T दमदार बैटरी, तेज चार्जिंग आ प्रीमियम डिजाइन के संगे स्मार्टफोन बाजार में बड़ मुकाबला पेश कs सकेला।

Read Also: US H1B Visa : अमेरिकी संसद में प्रतिबंध हटावे खातिर नया बिल पेश, ट्रंप के फैसला पs उठल सवाल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-