US Oil Refinery : अमेरिका में 50 साल बाद बनी नया तेल रिफाइनरी, रिलायंस करी 300 अरब डॉलर के निवेश

Share

सेंट्रल डेस्क। अमेरिका में लगभग 50 साल बाद नया तेल रिफाइनरी बनावे के तइयारी सुरू हो गइल बा। मवजूदा राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप एगो बड़ ऊर्जा परियोजना के एलान कइले बाड़ें। ऊ बतवलें कि टेक्सास राज्य के ब्राउन्सविल पोर्ट पs नया ऑयल रिफाइनरी बनावल जाई, जवना में भारत के बड़ कंपनी रिलायंस इंडस्ट्रीज करीब 300 अरब डॉलर के निवेश करी।

ट्रंप अपना सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पs कहलें कि ई सौदा अमेरिका के इतिहास के सबसे बड़ ऊर्जा निवेश में से एगो हो सकेला। उनका मोताबिक, नया रिफाइनरी बनला से देस में ईंधन के आपूर्ति बढ़ी, ऊर्जा उत्पादन मजबूत होई आ राष्ट्रीय सुरक्षा मजबूत होई। एही परियोजना से हजारन नया रोजगार के मवका पैदा होखे के उम्मेद बा, खासकर दक्षिण टेक्सास इलाका में आर्थिक गतिविधि तेजी से बढ़ सकेला।

ट्रंप कहलें कि उनकर “अमेरिका फर्स्ट” नीति के चलते निवेश के माहौल बेहतर भइल बा। परमिट प्रक्रिया आसान बनावल गइल बा आ टैक्स में कमी कइल गइल बा, जवना से दुनिया भर के बड़ कंपनी अमेरिका में निवेश करे के इच्छुक हो गइल बाड़ी सs। उनका अनुसार, नया रिफाइनरी दुनिया के सबसे साफ-सुथरा आ आधुनिक रिफाइनरियन में गिनल जाई।

ट्रंप भारत के धन्यवाद देत कहलें कि रिलायंस इंडस्ट्रीज के निवेश से दुनियाभर के ऊर्जा बाजार में सकारात्मक असर पड़ी। एह परियोजना से अमेरिका के ऊर्जा निर्यात बढ़े के संभावना बा, जवना से अंतरराष्ट्रीय बाजार में तेल के आपूर्ति इस्थिर हो सकेला।

ई फैसला अइसन समय आइल बा जब पश्चिम एशिया में युद्ध आ तनाव बढ़ल बा। अमेरिका, इस्राइल आ ईरान के बीच टकराव से वैश्विक ऊर्जा बाजार में अनिश्चितता बढ़ गइल बा। खाड़ी क्षेत्र में कइयन जगह ऊर्जा ढांचा आ अमेरिकी ठिकाना पs हमला भइल बा, जवना से तेल आपूर्ति प्रभावित हो सकेला।

दुनिया के बहुत बड़ हिस्सा तेल बेयपार के होर्मुज जलडमरूमध्य से होके गुजरेला। जदि एह समुद्री रास्ता में कवनासे बाधा आइल तs वैश्विक अर्थव्यवस्था पs भारी असर पड़ सकेला। एही कारण से नया रिफाइनरी के योजना के ऊर्जा सुरक्षा खातिर महत्वपूर्ण मानल जा रहल बा।

व्हाइट हाउस के प्रेस सचिव कैरोलिन लेविट कहली कि हाल में तेल आ गैस के दाम में जवन बढ़न्ती देखे के मिलल बा, ऊ अस्थायी बा। उनकर मोताबिक भविष्य में ऊर्जा बाजार इस्थिर हो सकेला आ कीमत कम हो सकेला। विशेषज्ञ मानत बा लोग कि नया रिफाइनरी से अमेरिका के ऊर्जा उत्पादन बढ़ी आ वैश्विक बाजार में तेल के आपूर्ति संतुलित रहे में मदद मिली।

Read Also: Shahjahanpur Accident : शाहजहांपुर में बड़ हादसा, बस आ कार के टक्कर में 4 लोगन के मौत, तीन घायल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-