केंद्रीय राज्यमंत्री कौशल किशोर के भतीजा फांसी लगा के दिहलें जान

Share

लखनऊ में दुबग्गा के बेगरिया में स्थित रियल एस्टेट कारोबारी केंद्रीय राज्यमंत्री कौशल किशोर के भतीजा नंद किशोर (47) बुध के फांसी लगा के जान दे दिहलें। उनकर शव कमरा में पंखा के सहारे लटकत मिलल। उनके बेटा विशाल के मुताबिक ऊ कुछ दिन से परेशान चलत रहनें। सूचना पा के मौका पर पहुंचल पुलिस मामिला के पड़ताल कs रहल बा।

प्रभारी निरीक्षक सुखवीर सिंह भदौरिया के मुताबिक रियल एस्टेट कारोबारी नंद किशोर बुध के अपने कमरा में लेटल रहनें। मृतक के भाई अजय रावत बतवलें कि नंद किशोर के कमरा अंदर से बंद रहल अउर कई बेर आवाज देहले पर भी नाइ खुलत रहे। एह पs पुलिस के सूचना दिहनें। बाद में कमरा में पंखा के सहारे उनकर शव लटकत मिलल।

मृतक दू शादी कइले रहनें। एगो पत्नी मुस्लिम समुदाय अउर दूसरकी हिन्दू समुदाय से बाड़ी। दूनों पत्नियन से लइके बानें। पहिला पत्नी शकीला से दू बच्चे अफजल अउर साहिल दूसरे पत्नी से बेटा विशाल अउर आदर्श बेटी अंशिका,सिखा हई

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-