NEET UG Registration 2026 : नीट यूजी फॉर्म भरला के आखिरी तारीख बढ़ल, अब एह तारीख तक कs सकत बानी आवेदन

Share

एजुकेशन डेस्क। राष्ट्रीय परीक्षा एजेंसी (NTA) नीट यूजी 2026 खातिर आवेदन करे वाला छात्रन के राहत देत फॉर्म भरे के आखिरी तारीख बढ़ा देले बा। अब छात्र 11 मार्च 2026 तक NEET UG के आवेदन फॉर्म भर सकत बा लोग। जवन छात्र कवनो कारण से पहिले तय समय तक फॉर्म ना भर पवले रहे लाेग, अब ऊ बढ़ल तारीख तक आपन आवेदन प्रक्रिया पूरा कs सकत बा लोग।

एनटीए के मोताबिक, आवेदन जमा करे के बाद छात्र 11 मार्च के रात 11 बजके 50 मिनट तक आवेदन फीस जमा कs सकत बा लाेग।

ध्यान देवे वाला बात ई बा कि नीट यूजी के आवेदन फॉर्म खाली ऑनलाइन माध्यम से भरल जा सकी। छात्रन के एनटीए के आधिकारिक वेबसाइट neet.nta.nic.in पs जाके फॉर्म भरल जरूरी बा। एकरा अलावे कवनो दुसरका तरीका से भेजल आवेदन स्वीकार ना कइल जाई।

आवेदन फीस केतना बा

नीट यूजी 2026 के आवेदन करत घरी अलग-अलग कैटेगरी के हिसाब से फीस जमा करे के पड़ी।

  • जनरल कैटेगरी के छात्रन के 1700 रुपिया फीस देवे के पड़ी।
  • जनरल EWS आ OBC-NCL वर्ग खातिर 1600 रुपया फीस तय कइल गइल बा।
  • SC, ST, PwBD आ थर्ड जेंडर के उम्मीदवारन खातिर आवेदन फीस 1000 रुपिया राखल गइल बा।
  • भारत से बाहर के परीक्षा केंद्र खातिर आवेदन फीस 9500 रुपिया रखल गइल बा।

घर बइठे भर सकत बानी फॉर्म

छात्र चाहे लोग तs घरे बइठल-बइठल खुदे ऑनलाइन माध्यम से नीट यूजी के फॉर्म भर सकत बा। वेबसाइट पs जाके जरूरी जानकारी भर के आ डॉक्यूमेंट अपलोड कs के आवेदन प्रक्रिया आसानी से पूरा कइल जा सकी।

करेक्शन विंडो के तारीख बाद में आई

पहिले नीट यूजी आवेदन फॉर्म में सुधार (करेक्शन) करे खातिर 10 मार्च से 12 मार्च तक विंडो खोलल जाये के योजना रहे। बाकिर अब आवेदन के तारीख बढ़ा दिहल गइल बा, एह कारण करेक्शन विंडो के नया तारीख बाद में आधिकारिक वेबसाइट पs जारी कइल जाई। जब नया तारीख घोषित हो जाई तs छात्र, जवन आवेदन फॉर्म भरत घरी कवनो गलती कs देले बाड़ें, ऊ तय समय में ओकरा में सुधार कs सकत बाड़ें।

Read Also: Share Bazar : शेयर बाजार में गिरावट के बीच भारतीय रुपिया के डॉलर के मुकाबले गिरल, 92.33 के निचला स्तर पs पहुंचल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-