NCERT: बदल जाई लइकन के रिपाेर्ट कार्ड, अब शिक्षक लो आ अभिभावक लो के फीडबैको रिपाेर्ट कार्ड में कइल जाई शामिल

Sonu Kishor

NCERT: स्कूलाें में पढ़े वाला लइकन के रिपाेर्ट कार्ड के लेके बड़का बदलाव हाेखे जा रहल बा। एकरा तहत जलदिए स्कूलन में फाइनल एग्जाम के बाद देवे जाए वाला रिपोर्ट कार्ड के पैटर्न बदलल जाई। नेशनल काउंसिल फॉर एजुकेशनल रिसर्च एंड ट्रेनिंग

(NCERT) के बॉडी PARAKH नया तरीका के ए रिपोर्ट कार्ड के पैटर्न पऽ काम कर रहल बिया। एकरा तहत अब खाली एग्जाम में मिलल ग्रेड आ मार्क्स के आधार पऽ रिपोर्ट कार्ड ना बनी बल्कि लइकन के शिक्षक लो के साथे पढ़ाई करे वाला स्टूडेंट्स आ पेरेंट्स के फीडबैको रिपोर्ट कार्ड में शामिल कइल जाई।

ए HPC यानी हॉलिस्टिक रिपोर्ट कार्ड के नाम दिहल गइल बा। मिलल जानकारी के अनुसार क्लास 1 से लेके 8 तक खातिर रिपोर्ट कार्ड के नया पैटर्न तइयार कर लिहल गइल बा। ओहिजा, 9 से 12 तक के स्टूडेंट्स खातिर नया रिपोर्ट कार्ड बनावल जा रहल बा। एकरा के न्यू एजुकेशन पाॅलिसी के हिस्सा बतावल जा रहल बा।

अब सिखला पऽ दिहल जाई जोर :

नया हॉलिस्टिक रिपोर्ट कार्ड के नेशनल करिकुलम फ्रेमवर्क फॉर स्कूल एजुकेशन (NCFSE) के सलाह के हिसाब से बनावल जा रहल बा। एमें सब स्किल्स के एक्टिविटी बेस्ड टेस्ट लिहल जाई आ हर स्टूडेंट के एक्टिविटी के बाद मार्क्स दिहल जाई। मार्क्स देवे के ए तरीका के इस्तेमाल कइल जाई।

एक्टिविटी पूरा भइला के बाद स्टूडेंट के खुदे एमें से कवनो एगो ऑप्शन के टिक करे के होई। एकरा अलावा कवनो स्टूडेंट चाहे तऽ कवनो आउर तरीको से खुद के रिमार्क दे सकत बा। एकरा खातिर हमरा आपना कइल काम पसंद आइल, हम अपना टीचर के इंस्ट्रक्शन नीमन से फॉलो कइनी जइसन वाक्यन के आगे हां, ना , पता ना जइसन रिमार्क दे सकत बाड़े।

स्टूडेंट लो एक दोसरा के फीडबैको दे सकत बा :

नया पैटर्न के तहत एक्टिविटी पूरा भइला के बाद स्टूडेंट्स एक दोसरो के  फीडबैक दे सकी। ऐसे एक्टिविटी समझ में आई, हमरा क्लासमेट भा टीचर एक्टिविटी में हमरा मदद कइली, एक्टिविटी जीतल में हम मदद कइनी जइसन इंडिकेटर से खुद के ग्रेड कर सकी। एमें कक्षा 6 से 8 तक के लइकन के खुद आपन पर्सनल आ प्रोफेशनल गोल सेट करहु के मौका मिली। एकरा साथहीं ए कुलह गोल्स के पूरा करे खातिर समयसीमो छात्र लो के सेट करे के पड़ी।

स्टूडेंट्स लो के एम्बिशन कार्डो मिली :

स्कूल में हॉलिस्टिक रिपोर्ट कार्ड के साथे स्टूडेंट्स के एक एम्बिशन कार्डो दिहल जाई। एमें स्टूडेंट्स अपना साल भर के गोल सेट करी आ ए गोलन के पूरा करे खातिर जरूरी आदत भा स्किल्स के लिस्टो बनाई। एकर मुख्य उद्देश लइकन में अइसन साेच के विकसित करल बा जवना के तहत उऽ अपना भविष्य के बारे में साेच सकी आ ओकरा के अचीव करे के स्कील पैदा कर सकी। जबकी अबहीं ले विधार्थी खातिर शिक्षक लो भा अभिभावक लो पऽ निर्भर रहत रहें।

पिछिलका बरिस से चल रहल बा तइयारी, ए सत्र से अनिवार्य रूप से कइल जाई लागू:

मिलल जानकारी के अनुसार पिछिलका बरिस में NCERT टेस्ट के तौर पऽ नया सिरा से रिपोर्ट कार्ड बनावल जाए के शुरुआत कइले रहें। सितंबर 2023 में NCERT सब राज्यन के आ केंद्र शासित प्रदेशन के स्कूलन के HPC रिपोर्ट कार्ड अपनावे के निर्देश देले रहें। हालंकि अबहीं एकरा के पूरा तरह से लागू नइखे कइल गइल। बाकिर मानल जा रहल बा कि अगिला शैक्षणिक सत्र से एकरा मे अनिवार्य कर दिहल जाई।

Share This Article
Follow:
एगो भोजपुरिया कलाकार, लेखक, कवि आ भोजपुरी खातिर समर्पित नवहा जे अपना माई भाखा खातिर हमेसा खाड़ रहेला। खेल आ राजनीति के खबर पढ़े खातिर हमरा से जुड़ीं खबर भोजपुरी पs। हमरा से रउआ सभे sonuyadav957670@gmail.com पs जुड़ल रहीं...