नया गोरखपुर : एक बेर फेरु किसानन के जमीन देवे खातिर मनाई जीडीए, कोशिश भईल दु बेर नाकाम 

Minee Upadhyay

 

प्राधिकरण के उपाध्यक्ष सचिव, प्रभारी मुख्य अभियंता आ अभियंतन आदि के टीम के गठन कईले रहले आ हरेक गांव के किसान से दु बेर बातचीत कईले रहले। लेकिन किसान सहमत ना भईले। एक गाँव दौलतपुर के मात्र नौ किसान जमीन देवे के सहमति देले।

गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए), एक बेर फेरु से किसानन के नया गोरखपुर परियोजना खातिर जमीन देबे खातिर मनावे के कोशिश करी। एकरा से पहिले प्राधिकरण दु चरण में किसान से बातचीत कईले बा, लेकिन दुनो बेर निराशा देखाई देलस। प्राधिकरण के अधिकारी के कहनाम बा कि उ लोग एक बेर फेर किसान से संवाद करीहे। अगर अबकी बेर भी किसान सहमत ना होईहे त फेर गोरखपुर के नया परियोजना के दोसरा इलाका में विकसित करे के विचार शुरू हो जाई।

नई गोरखपुर के छह हजार एकड़ क्षेत्र में विकसित करे के प्रस्ताव बा। प्राधिकरण शहर के उत्तर में बालापार-महराजगंज मार्ग आ कुशंही इलाका के कुशीनगर रोड के गांव में जमीन अधिग्रहण खातीर कार्य योजना तैयार कईले बिया। पहिला चरण में 60 गांव से जमीन अधिग्रहण के तैयारी रहे, लेकिन विस्तृत सर्वेक्षण के बाद पता चलल कि छह हजार एकड़ जमीन के जरूरत सिर्फ 24 गांव से पूरा होई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।