मैरवा-रामपुर बुजुर्ग मुख्य मार्ग के नेशनल हाईवे के मिलल दर्जा: 40 करोड़ के लागत से 4.33 किमी तक होई निर्माण, 2024 बा डेडलाइन 

Share

बिहार आ उत्तर प्रदेश के जोड़े वाली मैरवा से रामपुर बुजुर्ग तक मुख्य मार्ग के नेशनल हाईवे के दर्जा मिलल बा। नेशनल हाईवे के दर्जा मिलला के बाद सड़क केडी निर्माण कार्य सुरू हो गइल बा।  राम जानकी पथ गुठनी मोड़ से उत्तर प्रदेश के सीमावर्ती इलाका रामपुर बुजुर्ग तक एह सड़क के निर्माण करावल जाई।

40 करोड़ रूपया के लागत से 4.33 किलोमीटर सड़क के निर्माण कइल जाई। राष्ट्रीय उच्च पथ प्रमंडल के कार्यपालक अभियंता नौशाद आलम के मोताबिक मैरवा के रामजानकी पथ गुठनी मोड़ से लेके रामपुर बुजुर्ग तक दोहरीकरण सड़क के निर्माण कार्य करावल जाये के बा। है। पहिले 7 मीटर चउड़ा सड़क के निर्माण कार्य करावल जाये के रहे। बाकिर नेशनल हाईवे बन गइला के बाद अब टीचिंग एरिया के 10 मी कs दिहल गइल बा। साल 2024 में ई बनके पूरा तरे से तइयार हो जाई।

NHAI करा रहल बा निर्माण कार्य

मैरवा से रामपुर बुजुर्ग तक ई मुख्य मार्ग बिहार आ उत्तर प्रदेश के शहरन के जोड़ेला। मैरवा से रामपुर के बीच सड़क बहुते संकरा होखला के कारण आइल दिन जाम जइसन समस्या आ सड़क दुर्घटना होत रहेला। ई मार्ग देवरिया आ गोरखपुर के बिहार के सिवान, छपरा आ पटना के जोड़ेला।

बाकिर मैरवा से रामपुर के बीच सड़क संकरा होखला के कारण एह मार्ग से लोग गइल पसंद ना करत रहे लो। एकरा बदले करीब 30 किलोमीटर के बेसी दूरी तय कs के गोपालगंज के मार्ग से लोग आवेला जाला। नेशनल हाईवे बनला के बाद एह सड़क के चौड़ीकरण होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-