लखनऊ: आजु से 50 रुपया में मिली प्लेटफॉर्म टिकट, छह नवंबर ले लागू रही नयका दर

Share

उत्तर रेलवे लखनऊ मंडल प्रशासन एक बेर फिर से प्लेटफॉर्म टिकट के दर महंग क देहले बा। 30 रुपया से 50 रुपया के नया दर बुधवार से लागू होई अउर छह नवंबर तक रही।

दरअसल रेलवे प्रशासन भीड़ के नियंत्रित करे अउर सुरक्षा के नाम पर गत 1 अक्टूबर के 10 रुपया के प्लेटफॉर्म टिकट 30 रुपया क दिहले रहे। ई दर 5 नवंबर तक खातिर रहल लेकिन स्टेशन पर बढ़ रहल भीड़ अउर आगामी त्योहारन के ध्यान में रखत 26 अक्टूबर से 6 नवंबर  तक मंडल के महत्वपूर्ण स्टेशन लखनऊ, वाराणसी जं, बाराबंकी जं, अयोध्या कैंट, अयोध्या, अकबरपुर, शाहगंज, जौनपुर जं, सुल्तानपुर जं, रायबरेली, जंघई, भदोही, प्रतापगढ़ अउर उन्नाव पर प्लेटफार्म टिकट 50 रुपया प्रति व्यक्ति क दिहल गइल ताकि केवल आवश्यक यात्रियन के ही स्टेशन अउर प्लेटफार्मो पर आगमन होखे अउर अनावश्यक भीड़भाड़ के रोकल जा सके।

मंडल रेल प्रबंधक सुरेश कुमार सपरा बतवलें कि यात्री सुविधा के तहत मंडल पर प्लेटफार्म टिकट के मूल्य के पुनर्निर्धारण कइल जा रहल बा। ऊ इहो बतवलें कि आगामी त्योहारन के दृष्टिगत रखत यात्री सुविधा के एगो सुनियोजित तरीका से प्रारंभ करे के व्यवस्था अमल में लावल जा रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-