नई दिल्ली। नेपाल में सोशल मीडिया बैन आ सिस्टम में व्याप्त भ्रष्टाचार के खिलाफ सड़कन पs उतरल Gen-Z प्रदर्शनकारियन के आगे सरकार झुक गइल बिया। पहिले नेपाल के गृह मंत्री, कृषि मंत्री आ स्वास्थ्य मंत्री इस्तीफा देलें आ अब नेपाल के पीएम केपी शर्मा ओली इस्तीफा दे देले बाड़ें।
आज सांझ 6 बजे केपी शर्मा ओली के तरफ से सर्वदलीय बैठक बोलावल गइल रहे। ओली के तरफ से जारी लेटर में लिखल रहे, ‘हमनी के इस्थिति के आकलन करे आ एगो सार्थक निष्कर्ष निकाले खातिर संबंधित पक्षन के संगे बातचीत कs रहल बानी सs। एकरा खातिर हमनी के आज सांझा 6 बजे एगो सर्वदलीय बैठक बोलवले रहस। हम सब भाईयन आ बहिनन से विनम्र निवेदन करत बानी कि एह कठिन परिस्थिति में धैर्य बना के रखीं।’ बाकिर बैठक से पहिलही से ओली इस्तीफा के घोषणा कs देलें।
Post Views: 10