Kedarnath Helicopter Crash: गौरीकुंड के लगे दर्दनाक हादसा, 23 महीना के बच्चा सहित 7 के मौत, बचाव अभियान जारी

Share

उत्तराखंड। केदारनाथ यात्रा के दौरान बड़ हादसा भइल बा। अतवार के सबेरे करीब 5:30 बजे श्री केदारनाथ धाम से गुप्तकाशी जा रहल एगो हेलिकॉप्टर गौरीकुंड के लगे क्रैश हो गइल। हादसा में 23 महीना के मासूम सहित 7 लोगन के मौत हो गइल बा। हेलिकॉप्टर आर्यन एविएशन कंपनी के रहे। प्रारंभिक जानकारी के मोताबिक, खराब मौसम एह क्रैश के वजह बतावल जा रहल बा।

दुर्घटना के स्थान आ समय

ई दुर्घटना गौरीमाई खर्क के ऊपर जंगल में भइल, जहां नेपाली मूल के महिला घास काटत रहे लोग। उ लोग हेलिकॉप्टर गिरला के आवाज सुनके तुरंत स्थानीय प्रशासन के जानकारी दिहल।

हादसा में जवन 7 लोगन के मृत्यु भइल बा, ओकर नाम एह तरे बा :

  • राजकुमार जयसवाल
  • श्रद्धा जयसवाल
  • काशी जयसवाल (23 महीने का बच्चा)
  • तुष्टि सिंह
  • विनोद नेगी (स्थानीय निवासी)
  • विक्रम सिंह रावत (बीकेटीसी कर्मचारी)
  • कैप्टन राजीव (पायलट)

हादसा के वजह

प्रारंभिक जांच में घना कोहरा, कम विजिबिलिटी आ मौसम के खराबी के मुख्य कारण मानल जा रहल बा। मौसम विभाग पहिलही एह रूट पs भारी बादल आ तेज हवा के चेतावनी जारी कइले रहे।

रेस्क्यू ऑपरेशन में लागल टीम

SDRF, NDRF, पुलिस आ स्थानीय प्रशासन के टीम मवका पs पहुंच चुकल बाड़ी सs। रेस्क्यू ऑपरेशन जारी बा। शवन के घटनास्थल से निकाले आ ओह लोगन के पहचान के प्रक्रिया सुरू कs दिहल गइल बा। शव बुरा तरे जलल पावल गइल।

मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी हादसा पs गहिराह शोक व्यक्त कइलें बाड़ें। उ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘X’ पs लिखलें: “रुद्रप्रयाग में हेलीकॉप्टर दुर्घटना के खबर बहुते दुखद बा। सब यात्रियन के सकुशलता के कामना करत बानी। राहत आ बचाव दल मवका पs पहुंच चुकल बा।”

केदारनाथ रूट पs बढ़ रहल बा हादसा

ई पहिला हादसा नइखे। एकरा पहिले 7 जून के क्रिस्टल कंपनी के हेलिकॉप्टर में तकनीकी खराबी के चलते रुद्रप्रयाग-गौरीकुंड हाईवे पs इमरजेंसी लैंडिंग करावे के पड़ल रहे। हेलिकॉप्टर के टेल क्षतिग्रस्त हो गइल रहे।
8 मई के उत्तरकाशी के गंगनानी क्षेत्र में एगो हेलिकॉप्टर क्रैश भइल रहे, जेमे पायलट सहित 6 लोगन के मौत भइल रहे।

Read Also: UP News: नवचयनित 60,244 सिपाहियन के सीएम आज दिहें नियुक्ति पत्र, अमित शाह रहिहें मवजूद, सीएम कइलें निरीक्षण

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-