हसनपुरा (सिवान)। राजकीय मध्य विद्यालय कन्हौली के भूमिदाता आ प्रख्यात शिक्षाविद 92 बरिस के राम विलास दुबे के सनिचर के निधन हो गइल। उहाँ के निधन के खबर मिलतही पूरा क्षेत्र में शोक के लहर दउड़ गइल। सादा जीवन उच्च विचार के सोच राखत समाज खातिर समर्पित रहनी। दुबे जी के निधन से विद्यालय के शिक्षक, छात्र-छात्रा आ ग्रामीण गमगीन हो उठल लो।
राम विलास दुबे के पोता आ समाजसेवी सतीश दूबे बतवलें कि बाबा अपना समूचा जिनगी में शिक्षा के बढ़ावा देवे खातिर महत्वपूर्ण जोगदान देनीं। ऊ हमेसा समाज के शिक्षा के महत्व के प्रति जागरूक करे के काम कइनीं। विद्यालय के स्थापना में भूमि दान कs के ऊ शिक्षा के क्षेत्र में जवन अमूल्य जोगदान देनीं, ओकरा के समाज हमेसा इयाद रखी।
विद्यालय में आयोजित शोकसभा में प्रधानाध्यापक काशीनाथ प्रसाद, विद्यालय के शिक्षक, अध्यक्ष, सचिव सहित कइयन गो गणमान्य लोग दिवंगत आत्मा के श्रद्धांजलि अर्पित कइल।
एह अवसर पs रामेश्वर पांडेय, गौतम सिंह, मनु साह, डॉ. धनंजय प्रसाद, जितेंद्र कुमार साह, राजेश यादव, चंद्रभूषण पाठक, मुस्तफा खान, राजेश दूबे सहित ग्रामीण दिवंगत आत्मा के प्रति आपन संवेदना व्यक्त कइल लोग।
शिक्षकन आ ग्रामीणन के कहनाम रहे कि राम विलास दुबे के जिनगी समर्पण आ सेवा के प्रतीक रहल। शिक्षा के प्रति उनकर जोगदान भावी पीढ़ियन के प्रेरित करत रही।
Read Also: Arrah News : आक्रांत बाबा के 96वीं जयंती पs स्मृतिग्रंथ के भइल विमोचन