Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कन्हैया कुमार प पहिले हमला भइल, फेर हमलावर कहलस सबक सिखावल जरूरी बा

202

कन्हैया कुमार प हमला : ‘इंडिया’ गठबंधन के उम्मीदवार कन्हैया कुमार प शुक्रवार के पूर्वोत्तर दिल्ली में चुनाव प्रचार के दौरान अचानक हमला भइल। माला पहिरावे के बहाने एगो आदमी थप्पड़ मार दिहलस। एकरा अलावे कन्हैया कुमार प स्याही भी फेंकल गइल। एह पूरा घटना के वीडियो सोशल मीडिया पर तेजी से वायरल हो रहल बा। हमला करे वाला आरोपी एगो वीडियो जारी कइले ए काम के सफल बतावत उ लोग कहले कि हमनी के ओ लोग के सबक सिखवले बानी।

रिपोर्ट के मुताबिक इ घटना पूर्वोत्तर दिल्ली के करतार नगर में भइल। बतावल जाता कि जब इ घटना भइल त आम आदमी पार्टी आ ‘ इंडिया’ गठबंधन के कांग्रेस दुनो के नेता उहाँ मौजूद रहले। जसही युवक कन्हैया कुमार के थप्पड़ मरलस, उहाँ खड़ा कांग्रेस समर्थक ओकरा के पकड़ लेले।

Kanhaiya Kumar Attacked: भारतीय सेना के अपमान के बदला लेले

बता दीं कि कांग्रेस नेता कन्हैया कुमार प भइल मारपीट के जिम्मेवारी दु लोग ले लेले बाड़े। सोशल मीडिया पर एगो वीडियो वायरल हो रहल बा जवना में दू गो आदमी, एगो लमहर दाढ़ी वाला आ दोसरका मध्यम दाढ़ी वाला।। कन्हैया कुमार प भइल हमला के जिम्मेवारी लेके दुनो लोग कहले कि हमनी के एगो मिसाल कायम कइले बानी कि जे भी भारतीय सेना के अपमान करी ओकरा संगे अइसने व्यवहार कइल जाई। संगही उ कहले कि देश के टुकड़ा-टुकड़ा करे के बात करेवाला लोग के भी अइसने व्यवहार होई। वीडियो में उ आदमी कहता कि उ कवनो पार्टी के ना ह, ना उ कवनो संगठन के कहला प इ काम कइले बाड़े। हम भारतीय सेना के अपमान के बदला ले लेले बानी। इहे हमनी के आपन भावना ह, अपना देश आ समाज के प्रति।

 कन्हैया कुमार प हमला : कांग्रेस भाजपा प हमलावर के भड़कावे के आरोप लगवलस

कन्हैया कुमार प हमला के बाद कांग्रेस लगातार भाजपा प निशाना बनावतिया। कांग्रेस के नेता के कहनाम बा कि हमलावर भाजपा के कुछ नेता से संबंध बा। उनकर फोटो भाजपा के नेता कार्यकर्ता के संगे भी देखल गइल बा। अइसने में पार्टी के आरोप बा कि इ हमला भाजपा के ओर से भइल।

संगही इहो कहल जा रहल बा कि एह दौरान आम आदमी पार्टी के महिला पार्षद छाया शर्मा के भी बदसलूकी भइल। एकरा के लेके आप के पार्षद भी पुलिस शिकायत दर्ज करवले बाड़े। एह में छाया के कहनाम बा कि ‘ इंडिया’ गठबंधन के मुलाकात शाम के चार बजे के आसपास चलत रहे। फेरु 7-8 लोग ओहिजा आके कन्हैया कुमार के माला बना के थप्पड़ मार दिहलस। उ हमरा चुन्नी के पकड़ के एगो कोना में ले गइले आ हमरा आ हमरा पति के जान से मारे के धमकी देलखा।

831320cookie-checkकन्हैया कुमार प पहिले हमला भइल, फेर हमलावर कहलस सबक सिखावल जरूरी बा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.