मुद्दा के बात: कौने-कौने फीचर्स खातिर एलन मस्क वसूलिहें आठ डॉलर, विस्तार से समझ लीं सब बात

Share

Twitter के मालिक बनले के साथही एलन मस्क सबसे पहिले कमाई के रास्ता निकाल लिहले बानें। मालिक बनले के बाद एलन मस्क कई सारा बदलाव कइले बानें जेमें छंटनी प्रमुख बा। एलन मस्क करीब 50 फीसदी कर्मचारियन के नौकरी से निकाल दिहले बानें। कई रिपोर्ट में दावा कइल जा रहल बा कि Twitter के भारतीय ऑफिस के सब कर्मचारियन के निकालल जा रहल बा। अब ओ तीन फीचर्स के लिस्ट सामने आइल बा जेकरे बदले एलन मस्क आठ डॉलर वसूले वाला बानें। आईं जानतनी एह फीचर्स के बारे में…

Twitter डायरेक्ट मैसेज

एलन मस्क ट्विटर पर डायरेक्ट मैसेज (DM) फीचर के पेड करे वाला बानें जेकरे बाद आप कौनो हाई प्रोफाइल अकाउंट के मैसेज तब्बे कs पवलें जब आपके आठ डॉलर देकर ट्विटर ब्लू का सब्सक्रिप्शन लिहले होखे, हालांकि एह संबंध में एलन मस्क चाहे ट्विटर के ओर से कौन बयान जारी नाइ कइल गइल बा, लेकिन कुछ डॉक्यूमेंट लीक भइल बा जेसे एह बारे में जानकारी मिलल बा। हाई प्रोफाइल अकाउंट के निर्धारण कइसे होई। एह बारे में भी कौनो जानकारी नाइ बा।

Twitter ब्लू टिक

ब्लू टिक ट्विटर के सबसे खास अउर चर्चित फीचर बा जेकरे खातिर सभे बेचैन रहsता। मालिक बनले के बाद एलन मस्क कहले बानें कि ब्लू टिक खातिर 8 डॉलर देवे के होई, नाइ त ब्लू टिक वापस ले लिहल जाई। ई शुल्क मासिक बा।

वीडियो देखे खातिर पइसा

कहल जा रहल बा कि ट्विटर पर कुछ वीडियो देखे खातिर भी पैसा देवे के पड़ी। हालांकि ई अभीन तय नइखे कि एहमें कौने तरह के वीडियो शामिल कइल जाई। कहल जा रहल बा कि वीडियो के Paywalled Video में कैटेगराइज्ड कइल जाई।

नोट- सब फीचर्स खातिर आपके अलग-अलग पैसा नाइ देवे के होई। आपके खाली ट्विटर ब्लू सर्विस के सब्सक्रिप्शन लेवे के होई जेकरे तहत आप के ई सुविधा मिली।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-