Ola S1 से मुकाबला करी Bajaj के सस्ता इलेक्ट्रिक स्कूटर, मिली अइसन फीचर्स

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 6, 2022

Bajaj New Electric Scooter: बढ़त पेट्रोल के कीमतन से परेसान होके अब बायर्स काफी तेजी से इलेक्ट्रिक स्कूटर्स के तरफ आपन रुख मोड़ रहल बा लो। बीतल कुछ समय से भारत में एही वजह से

Share

Bajaj New Electric Scooter: बढ़त पेट्रोल के कीमतन से परेसान होके अब बायर्स काफी तेजी से इलेक्ट्रिक स्कूटर्स के तरफ आपन रुख मोड़ रहल बा लो। बीतल कुछ समय से भारत में एही वजह से इलेक्ट्रिक स्कूटर्स के मार्केट बहुते बड़ होत जा रहल बा। आये दिन दु पहिया वाहन निर्माता कंपनी इहां आपन प्रोडक्ट्स लॉन्च कर रहल बाड़ी स। एकरा पीछे कंपनियन के मकसद भारतीय इलेक्ट्रिक मार्केट में आपन पहचान बनवला के संगही लोगन के दिलन में अपना प्रोडक्ट खातिर जगह बनावलो बा। बता दीं मार्केट में बढ़त एह प्रतिस्पर्धा के देखत आ ओहमे हिस्सा लेवे खातिर Bajaj जल्दिये आपन सस्ता इलेक्ट्रिक स्कूटर के भारत में लॉन्च क सकत बिया।

टेस्टिंग के दौरान लउकल सड़कन प

Bajaj के एह नया इलेक्ट्रिक स्कूटर के लोग कइयन बेर टेस्टिंग के दौरान सड़कन प स्पॉट कइले बा। ई इलेक्ट्रिक स्कूटर देखे में बहुते प्रीमियम आ खूबसूरतो बा। Bajaj के चेतक से जदि एह नया इलेक्ट्रिक स्कूटर के डिजाइन के तुलना कइल जाव त एकर डिजाइन ज्यादा शार्प आ स्लीक हो सकत बा। फिलहाल एह इलेक्ट्रिक स्कूटर के फीचर्स से जुड़ल बेसी जानकारी सामने त नइखे आइल बाकिर, Ola S1 आ Hero Vida V1 से मुकाबला होखला के वजह से एह इलेक्ट्रिक स्कूटर में ओहि के समान फीचर्स मिलला के संभावना बा। रिपोर्ट्स के जदि मानल जाव त Bajaj के एह इलेक्ट्रिक स्कूटर में एगो बड़ बैटरी पैक दिहल जाई आ एकर रेंजो बहुते जबरदस्त होई।

बजट इलेक्ट्रिक स्कूटर्स के सबसे जादे डिमांड

जइसन कि हम रउआ पहिलही बतवले रहनी कि भारत में इलेक्ट्रिक स्कूटर्स के डिमांड बहुते तेजी से बढ़ रहल बा बाकिर, का रउआ जानत बानी कि एह इलेक्ट्रिक स्कूटर्स में अधिकतर ओह तरे के इलेक्ट्रिक स्कूटर्स बा जवन कि बजट सेगमेंट में आवेला। एह इलेक्ट्रिक स्कूटर्स के कीमत 1 लाख रुपिया से कम बा आ एही वजह से बायर्स एकरा के किनल पसन करेला लो। उम्मीद बा कि कंपनी एही लोकप्रियता के देखत Bajaj अपना नया इलेक्ट्रिक स्कूटर के कीमत 1 लाख रुपिया से कम राख सकत बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.