West Asia Crisis : ईरान के दावा- इराक में अमेरिकी रिफ्यूलिंग जहाज गिरावल गइल, अमेरिका नकरलस

Share

सेंट्रल डेस्क। वेस्ट एशिया में बढ़त तनाव के बीच ईरान आ अमेरिका के बीच नया विवाद सामने आ गइल बा। ईरान के सरकारी मीडिया के दावा बा कि पश्चिमी ईराक में सक्रिय विद्रोही गुट मिसाइल से अमेरिका के एगो सैन्य रिफ्यूलिंग जहाज गिरा देले बा। हालांकि अमेरिका एह दावा के साफ तौर पर खारिज कइले बा आ कहले बा कि ई घटना हमला से ना, बलुक दुर्घटना से भइल बा।

ईरान के सरकारी चैनल प्रेस टीवी के रिपोर्ट के अनुसार, एह घटना में जहाज पs सवार छव सैनिकन के मौत हो गइल। ईरान के सैन्य मुख्यालय के प्रवक्ता के हवाला से कहल गइल कि “रेजिस्टेंस फ्रंट” के एयर डिफेंस सिस्टम एगो  बोइंग KC-135 स्ट्रैटोटैंकर जहाज के निशाना बनवलस। दावा बा कि जब ई जहाज हवा में एगो लड़ाकू विमान में ईंधन भरत रहे, ओही समय मिसाइल से हमला कs के ओकरा के गिरा दिहल गइल।

दूसरका ओर, अमेरिकी सेना के केंद्रीय कमान अमेरिकी सेंट्रल कमांड (CENTCOM) एह दावा के नकार देले बा। अमेरिकी सेना बतवले बा कि “ऑपरेशन एपिक फ्यूरी” के दौरान एगो KC-135 जहाज इराक के ऊपर दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। सेना के कहनाम बा कि ई हादसा दुश्मन के गोलीबारी से ना, बलुक तकनीकी कारण से भइल बा।

CENTCOM सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs जानकारी देत कहलस कि मिशन में कुल दूगो जहाज सामिल रहे। एमें से एगो पश्चिमी इराक में गिर गइल, जबकि दूसरका जहाज सुरक्षित तरीका से लैंड के गइल। अमेरिकी सेना फिलहाल घटना स्थल पs बचाव अभियान चला रहल बा आ पूरा ममिला के जांच कइल जा रहल बा।

एह बीच अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप हालात पs प्रतिक्रिया देलें। व्हाइट हाउस में आयोजित एगो कार्यक्रम में ट्रंप कहलें कि ईरान के संगे इस्थिति तेजी से बदल रहल बा। ऊ अमेरिकी सेना के ताकत के सराहना करत कहलें कि दुनिया में अमेरिका जइसन मजबूत सेना कहीं आउर नइखे।

ट्रंप इहो कहलें कि उनकर सरकार अब ओह के लागू करत बिया, जवन बहुत साल पहिले उठावल जाये के चाहीं। अंतरराष्ट्रीय हालात देखत मजबूत सेना आज बहुत जरूरी हो गइल बा।

Read Also: 13 मार्च 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-