[the_ad_group id="30365"]

Quick Watering System : का होला क्विक वॉटरिंग सिस्टम? गरमी से पहिले यात्रियन के बड़ सहूलियत देवे के तइयारी में रेलवे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रायबरेली। शहर के रेलवे स्टेशन पs ट्रेनन में पानी भरे खातिर क्विक वॉटरिंग सिस्टम लगावे के काम तेजी से चल रहल बा। एह सिस्टम खातिर करीब एक महीना पहिले बोरिंग करावल जा चुकल बा। अब पानी के टंकी बनावे के काम पूरा हो गइल बा। मार्च के अगिला हफ्ता से प्लेटफॉर्म तक पाइपलाइन बिछावे के काम सुरू होई।

जब ई सिस्टम पूरा तरे तइयार हो जाई, तs ट्रेनन में पानी खत्म होखे के समस्या बहुते हद तक दूर हो जाई। जदि रास्ता में ट्रेन के बोगी में पानी खतम हो जाई, तs ओकरा अब बड़ शहर के स्टेशन तक इंतजार करे के जरूरत ना पड़ी। यात्री लोगन के रायबरेली रेलवे स्टेशन पs पानी भरावे के सुविधा मिल जाई।

रेलवे आ जल निगम के बीच समझौता

भारतीय रेलवे के लखनऊ मंडल के प्रमुख स्टेशनन के क्विक वॉटरिंग सिस्टम लगावे खातिर रेलवे आ उत्तर प्रदेश जल निगम के बीच समझौता भइल बा। एह योजना में रायबरेली रेलवे स्टेशन के चुनल गइल बा।

एह कारण स्टेशन पs रेलवे अस्पताल के पीछे खाली जमीन पs क्विक वॉटरिंग सिस्टम लगावे के काम उत्तर प्रदेश जल निगम द्वारा करावल जा रहल बा।

बोरिंग के काम पहिलही पूरा हो चुकल बा आ अभी पानी के पंप तइयार कइल जा रहल बा। बोरिंग के लगे भूमिगत पानी के टंकी बनावे के काम बियफे के पूरा हो गइल। एह टंकी से हर समय पर्याप्त पानी उपलब्ध रही। एकरा से बार-बार पंप चलावे के जरूरत ना पड़ी आ पानी खत्म होखे के दिक्कतो ना आई।

अगिला हफ्ता से बिछावल जाई पाइपलाइन

एह काम के बाद अगिला हफ्ता से पाइपलाइन बिछावे के काम सुरू हो जाई। स्टेशन के सब प्लेटफॉर्मन तक पाइपलाइन पहुंचावल जाई, ताकि कवनो प्लेटफॉर्म पs ट्रेन रुकतही ओकर बोगी में पानी भरल जा सके।

गरमी के समय अक्सर पानी खत्म हो गइला के वजह से ट्रेन में सफर करे वाला यात्रियन के बहुते परेसानी झेले के पड़ेला। कैरिज आ वैगन विभाग के इंचार्ज एके यादव बतवलें कि क्विक वॉटरिंग सिस्टम लगावे के काम जारी बा। पानी के टंकी बनावे के काम पूरा हो गइल बा आ एह महीना के अगिला हफ्ता से पाइपलाइन बिछावे के काम सुरू कs दिहल जाई।

Read Also: Kharmas : 14 कि 15 मार्च… कब से सुरू होई खरमास? दूर करीं आपन कन्फ्यूजन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]