Instagram Down : अचानक ठप भइल इंस्टाग्राम, हजारन यूजर्स कइलें शिकायत

Youtube के राह पs Instagram! यूजर्स के मिली डिसलाइक बटन, जानीं कवना काम आई

Share

टेक डेस्क। का रउओ इंस्टाग्राम चलावे में दिक्कत महसूस करत बानी? जदि हs, तs बता दीं कि एह समय मेटा के सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म इंस्टाग्राम भारत सहित दुनिया के कइयन गाे देसन में बड़ आउटेज के सामना करत बा।

ऑनलाइन आउटेज मॉनिटरिंग प्लेटफॉर्म डाउनडिटेक्टर पs अमेरिका में 10 हजार से जादे यूजर्स इंस्टाग्राम से जुड़ल समस्या के रिपोर्ट कइले बाड़ें। लोगन के कहनाम बा कि ऐप ठीक से काम नइखे कs रहल बा आ कइयन गो फीचर बंद हो गइल बा।

ओहिजा भारत में इंस्टाग्राम यूजर्स के बहुते परेसानी हो रहल बा। अब तक करीब 900 से जादे लोग डाउनडिटेक्टर पs शिकायत दर्ज कs चुकल बा। जादेतर यूजर्स के दिक्कत मोबाइल ऐप इस्तेमाल करत समय हो रहल बा।

डाउनडिटेक्टर के डेटा के मोताबिक करीब 78 प्रतिशत यूजर्स के मोबाइल ऐप में समस्या आ रहल बा। जबकि लगभग 13 प्रतिशत यूजर्स वेबसाइट पs इंस्टाग्राम इस्तेमाल करे में दिक्कत बतवले बा लोग। बाकी करीब 10 प्रतिशत यूजर्स के कहनाम बा कि ओह लोगन के सर्वर कनेक्शन से जुड़ल समस्या हो रहल बा।

एह आउटेज के कारण कइयन गो यूजर्स आपन अकाउंट खोल नइखे पावत, तs कुछ लोग पोस्ट आ मैसेज तक नइखे भेज पावत। फिलहाल कंपनी के ओर से एह समस्या पs आधिकारिक बयान अभी तक सामने नइखे आइल।

तकनीकी विशेषज्ञन के कहनाम बा कि एह तरे के आउटेज अक्सर सर्वर भा सिस्टम अपडेट के चलते हो सकेला। उम्मेद बा कि कंपनी जल्दिये समस्या ठीक कs दी, ताकि यूजर्स फेर से सामान्य तरीका से इंस्टाग्राम इस्तेमाल कs सके लोग।

Read Also: US Oil Refinery : अमेरिका में 50 साल बाद बनी नया तेल रिफाइनरी, रिलायंस करी 300 अरब डॉलर के निवेश

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-