नई दिल्ली। मध्य प्रदेश के इंदौर शहर के भागीरथपुरा इलाका में दूषित आ जहरीला पानी पियला के चलते हालात लगातार बिगड़त जा रहल बा। पानी से फइलल बेमारी से अभी तक 15 लोगन के मौत हो चुकल बा, जबकि बियफे के दिन उल्टी-दस्त के 338 नया मरीज सामने आइल बा लोग। अभियो अलग-अलग अस्पतालन में 32 मरीज आईसीयू में भर्ती बा लोग, जेकर हालत गंभीर बतावल जा रहल बा। कुल मिलाके अभी तक करीब 2800 से जादे मरीज बीमार पड़ चुकल बा लोग।
एगो आउर बुजुर्ग महिला के मौत
सुक के दिन दूषित पानी के कारण एगो आउर बुजुर्ग महिला के मौत हो गइल। जानकारी के मोताबिक, महिला के इलाज अरविंदो अस्पताल में चलत रहे। एह मौत के बाद जहरीला पानी से जान गंवावे वाला लोगन के संख्या बढ़के 15 हो गइल बा। एह घटना से इलाका में दहशत आ गुस्सा दुनो माहौल बन गइल बा।
स्वास्थ्य केंद्र पs उमड़ल भीड़
भागीरथपुरा इस्थित स्वास्थ्य केंद्र पs सबेरे से देर रात तक मरीजन के भीड़ लागल रहल। छोट लईका से लेके बुजुर्ग तक, सब उल्टी-दस्त, पेट दर्द, कमजोरी आ बुखार के शिकायत लेके पहुंच रहल बा लोग। कइयन गो परिवारन में तs हालात अइसन बा कि घर के सब सदस्य बेमार हो गइल बा लोग। रहवासियन में निगम आ प्रशासन के खिलाफ नाराजगी साफ देखे के मिल रहल बा।
पानी पीये से डर रहल बा लोग
इलाका में पानी के टैंकर भेजल जा रहल बा, बाकिर लोग ओकर पानी इस्तेमाल करे तक से डेरा रहल बा। जादेतर परिवार आरओ के पानी मंगवा के पी रहल बा लोग। स्वास्थ्य विभाग के अधिकारी बतवलें कि कुल 21 मेडिकल टीम बनावल गइल बाड़ी सs, जवना में डॉक्टर, पैरामेडिकल स्टाफ, एएनएम आ आशा कार्यकर्ता सामिल बा लोग। ई टीम घरे-घरे जाके लोगन के उबलल पानी पीये आ बाहर के खाना ना खाए के सलाह दे रहल बाड़ी सs।
सर्वे आ इलाज के ताजा आंकड़ा
बियफे के दिन 1714 घरन के सर्वे कइल गइल, जवना में करीब 8571 लोगन के जांच भइल। एमे से 338 लोग बीमार मिलल, जेकरा के प्राथमिक इलाज दिहल गइल। अभी तक 272 मरीज अस्पताल में भर्ती भइल बा लोग, जवना में से 71 मरीज ठीक होके डिस्चार्ज हो चुकल बा लाेग। फिलहाल अलग-अलग अस्पतालन में 201 मरीज भर्ती बा लोग। जेमे 32 मरीज आईसीयू में बा लोग।
जोन नंबर पांच से सबसे जादे शिकायत
दूषित पानी से लगातार हो रहल मौत के बाद नगर निगम हरकत में आइल बा। इंदौर-311 हेल्पलाइन पs पिछला 24 घंटा में 206 जल संबंधी शिकायत दर्ज भइल, जवना में सबसे जादे शिकायत जोन नंबर पांच से आइल बा। प्रशासन कह रहल बा कि पानी के स्रोत के जांच चल रहल बा आ जिम्मेदारन पs सख्त कार्रवाई कइल जाई।








