Indian Womens Team Announced : साउथ अफ्रीका खिलाफ टी20 सीरीज खातिर टीम के घोषणा, अनुष्का शर्मा के मिलल पहिला मवका

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) साउथ अफ्रीका दौरा खातिर भारतीय महिला टीम के घोषणा कs देले बा। ई दौरा पांच मैच के टी20 इंटरनेशनल सीरीज होई, जवन 17 अप्रिल से सुरू होके 27 अप्रिल तक चली। टीम के कप्तानी अनुभवी ऑलराउंडर हरमनप्रीत कौर के हाथ में दिहल गइल बा, जबकि स्टार बल्लेबाज स्मृति मंधाना के उपकप्तान बनावल गइल बा।

एह टीम में अनुभव आ जुवा जोश के बढ़िया मेल देखे के मिल रहल बा। सबसे जादे चरचा जुवा खिलाड़ी अनुष्का शर्मा के बा, जिनका पहिला बेर राष्ट्रीय टीम में मवका मिलल बा।

अनुष्का शर्मा के सानदार प्रदर्शन के इनाम

अनुष्का शर्मा हाले में महिला प्रीमियर लीग (WPL) में गुजरात जाएंट्स खातिर सानदार खेल देखवले रहली। ऊ सात पारियन में 177 रन बनवली, जवना में उनकर स्ट्राइक रेट 129.19 रहे। एह सानदार प्रदर्शन के इनाम उनकस टीम इंडिया में चयन के रूप में मिलल बा।

मजबूत बल्लेबाजी लाइनअप

टीम के बल्लेबाजी बहुत मजबूत नजर आ रहल बा। एमे शेफाली वर्मा, जेमिमा रोड्रिग्स आ दीप्ति शर्मा जइसन भरोसेमंद खिलाड़ी सामिल बा लोग। विकेटकीपिंग के जिम्मेदारी ऋचा घोष आ उमा छेत्री संभारी लोग, जवन टीम के आउर मजबूती दी।

गेंदबाजी में संतुलन

स्पिन विभाग में श्रेयंका पाटिल, श्री चरणी आ दीप्ति शर्मा के अनुभव टीम के ताकत दे रहल बा। तेज गेंदबाजी में रेणुका ठाकुर, अरुंधति रेड्डी आ क्रांति गौड़ के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

सीरीज के पूरा शेड्यूल

ई पांच मैच के सीरीज साउथ अफ्रीका के अलग-अलग शहर में खेलल जाई।

  • 17 आ 19 अप्रिल : डरबन
  • 22 आ 25 अप्रिल: जोहानिसबर्ग
  • 27 अप्रिल: बेनोनी

Read Also: Share Bazar : शेयर बाजार में लवटल हरियाली, सेंसेक्स 1516 अंक बढ़ल, निफ्टी 22800 के पार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-