India ICC Trophies : भारत कब-कब जीतल बा ICC के ट्रॉफी? जानीं 1983 से लेके 2026 तक पूरा इतिहास 

Indian cricket team celebrating ICC T20 World Cup 2026 Win

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत तीसरका बेर टी20 वर्ल्ड कप के खिताब जीत लेलस। अतवार के दिन अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल गइल फाइनल मुकाबला में भारत, न्यूजीलैंड के 96 रन से हरा देलस। भारत के ओर से संजू सैमसन, अभिषेक शर्मा आ ईशान किशन के अर्धशतकीय पारी के बदौलत टीम 20 ओवर में 5 विकेट पs 255 रन बनवलस। जवाब में न्यूजीलैंड के टीम 19 ओवर में खाली 159 रन पs सिमट गइल।

एह जीत के संगे टीम इंडिया तीन बेर टी20 वर्ल्ड कप जीते वाली पहिला टीम बन गइल। अब जानल जावs कि भारतीय टीम कब-कब आईसीसी के टूर्नामेंट जीत चुकल बिया।

1983- वनडे वर्ल्ड कप

1983 में क्रिकेट के दुनिया में सबसे बड़ उलटफेर देखे के मिलल रहे। कपिल देव के कप्तानी में भारत, लंदन के ऐतिहासिक मैदान लॉर्ड्स पs वेस्टइंडीज के हरा के पहिला बेर वर्ल्ड कप जीतलस।

1983 वर्ल्ड कप ट्रॉफी के संगे कपिल देव – फोटो : twitter

भारत पहिले बल्लेबाजी करत 54.4 ओवर में 183 रन बनवले रहे। जवाब में वेस्टइंडीज के टीम 52 ओवर में 140 रन पs ऑलआउट हो गइल। भारत 43 रन से मैच जीत गइल। मोहिंदर अमरनाथ आ मदन लाल के घातक गेंदबाजी से विंडीज के मजबूत बल्लेबाजी ढह गइल रहे।

2002- चैंपियंस ट्रॉफी

भारत आ श्रीलंका के कप्तान – फोटो : twitter

साल 2002 में भारत चैंपियंस ट्रॉफी के फाइनल में श्रीलंका से भिड़ल रहे। कोलंबो में खेलल गइल ई मैच बरखा के चलते पूरा ना हो सकल। आईसीसी के नियम अनुसार भारत आ श्रीलंका के संयुक्त विजेता घोषित कइल गइल।

2007- टी20 वर्ल्ड कप

भारत के टी20 विश्व कप 2007 में जीत – फोटो : twitter

भारत 2007 में पहिला टी20 वर्ल्ड कप जीतल। महेंद्र सिंह धोनी के कप्तानी में भारत पाकिस्तान के 5 रन से हरवलस। गौतम गंभीर 75 रन के सानदार पारी खेललें। पाकिस्तान 157 रन के लक्ष्य के पीछा करत 152 रन पs रुक गइल।

2011- वनडे वर्ल्ड कप

1983 के बाद भारत 28 साल बाद फेर वनडे वर्ल्ड कप जीतल। मुंबई में खेलल गइल फाइनल में भारत, श्रीलंका के 6 विकेट से हरवलस।

श्रीलंका 274 रन बनवलस। जवाब में भारत गौतम गंभीर (97) आ धोनी (91*) के सानदार पारी से 48.2 ओवर में लक्ष्य हासिल कs लेलस। ई जीत महान बल्लेबाज सचिन तेंदुलकर खातिर यादगार विदाई बन गइल।

2013- चैंपियंस ट्रॉफी

भारत 2013 में दूसरा बेर चैंपियंस ट्रॉफी जीतलस। बर्मिंघम में खेलल गइल फाइनल में भारत 20 ओवर में 129 रन बनवलस।

चैंपियंस ट्रॉफी के संगे जीत के जश्न मनावत टीम इंडिया – फोटो : twitter

शिखर धवन (31), विराट कोहली (43) आ रवींद्र जडेजा (33*) बढ़िया बल्लेबाजी कइल लोग। जवाब में इंग्लैंड के टीम 124 रन बना सकल आ भारत 5 रन से जीत गइल।

2024- टी20 वर्ल्ड कप

भारत दूसरका बेर टी20 वर्ल्ड कप जीतलस। बारबाडोस में खेलल गइल फाइनल में भारत दक्षिण अफ्रीका के 7 रन से हरवलस।

टी20 विश्व कप 2024 – फोटो : ANI

भारत 176 रन बनवलस आ दक्षिण अफ्रीका 169 रन बना सकल। एह जीत के संगे भारत 11 साल बाद आईसीसी ट्रॉफी जीतलस।

2025- चैंपियंस ट्रॉफी

2025 के चैंपियंस ट्रॉफी में न्यूजीलैंड पहिले बल्लेबाजी करत 251 रन बनवलस। जवाब में भारत 49 ओवर में 6 विकेट खोके लक्ष्य हासिल कs लेलस।

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 – फोटो : ANI

रोहित शर्मा 76 रन के कप्तानी पारी खेललें। रोहित आ शुभमन गिल पहिला विकेट खातिर 105 रन के साझेदारी कइल लाेग।

2026- टी20 वर्ल्ड कप

भारत तीसरी बेर टी20 वर्ल्ड कप जीत के इतिहास बना देलस। सूर्यकुमार यादव के कप्तानी में भारत न्यूजीलैंड के हरवलस।

टी20 विश्व कप 2026 – फोटो : PTI

अब तक कवनो टीम टी20 वर्ल्ड कप के खिताब बचा ना सकल रहे, बाकिर भारत ई कारनामा कs के नया इतिहास रच देलस।

Read Also: 09 मार्च 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-