Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs NZ: भारत के खिलाफ दूसरका टेस्ट से बाहर भइलें केन विलियम्सन, जानीं वजह; सीरीज में 1-0 से आगे बिया कीवी टीम

33

न्यूजीलैंड के सीनियर बल्लेबाज केन विलियम्सन पुणे में भारत के खिलाफ दूसरका टेस्ट खातिर उपलब्ध ना होइहें। उनका कमर में खिंचाव रहे आ एकर रिहैब अभियो पूरा नइखे भइल। न्यूजीलैंड क्रिकेट बोर्ड मंगर के एकर घोषणा कइलें। बंगलूरू में पहिला टेस्ट आठ विकेट से जीतला के बाद न्यूजीलैंड तीन मैचन के सीरीज में 1-0 से आगे बा। दूसरका मैच बियफे से पुणे के महाराष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में खेलल जाई।

विलियम्सन अभी ले भारत नइखन आइल आ ना टीम के संगे लउकल बाड़ें। उनका श्रीलंका के खिलाफ हालिया टेस्ट सीरीज के दौरान चोट लाग गइल रहे। ब्लैक कैप्स के मुख्य कोच गैरी स्टीड कहलें कि विलियम्सन अभी ले तइयार नइखे भइल। हालांकि, ऊ महत्वपूर्ण प्रगति कइले बाड़ें। न्यूजीलैंड क्रिकेट (NZC) के ओर से जारी एगो बयान में स्टीड कहलें, ‘हमनी के केन के निगरानी कs रहल बानी सs आ ऊ सही दिशा में ट्रैकिंग कs रहल बा लो, बाकिर अभी ले 100 प्रतिशत फिट नइखन। हमनी के उम्मीद बा कि आवे वाला दिनन में आउर सुधार देखे के मिली आ ऊ तीसरका टेस्ट खातिर उपलब्ध रही।’

ऊ कहलें, ‘हमनी के उनका मैच फिट होखे खातिर जेतना संभव हो सके ओतना समय दिहल जाई, बाकिर निश्चित रूप से सतर्क रुख अपनावत रहेम।’ तीसरा टेस्ट एक नवंबर से मुंबई में खेलल जाई। एकरा पहिले भारत बाकी बचल दु टेस्ट खातिर वॉशिंगटन सुंदर के भारतीय टीम से जोड़ले बा। दूसरका टेस्ट खातिर टीम इंडिया में बदलाव होखे के संभावना बा। शुभमन गिल फिट होखे के राह पs बा। अइसन में सरफराज खान भा केएल राहुल में से केहू एक के आपन जगह खाली पड़ सकत बा। हालांकि, सरफराज के सानदार फॉर्म आ राहुल के खराब फॉर्म के देखत टीम मैनेजमेंट राहुल के बेंच पर बइठावे के फैसला ले सकत बा।

भारत दौरा खातिर न्यूजीलैंड के टीम एह तरे बिया- टॉम लाथम (कप्तान), टॉम ब्लंडेल, माइकल ब्रेसवेल, मार्क चैपमैन, डेवोन कॉन्वे, मैट हेनरी, डेरिल मिचेल, विल ओ’रूर्के, एजाज पटेल, ग्लेन फिलिप्स, रचिन रवींद्र, मिचेल सेंटनर, ईश सोढ़ी (खाली दूसरका आ तीसरका टेस्ट में), टिम साउदी, केन विलियम्सन (पहिले-दूसरा टेस्ट से बाहर), विल यंग, जैकब डफी।

न्यूजीलैंड के खिलाफ दूसरका आ तीसरका टेस्ट मैच खातिर भारतीय टीम एह तरे बिया…

रोहित शर्मा (कप्तान), जसप्रीत बुमराह (उपकप्तान), यशस्वी जयसवाल, शुभमन गिल, विराट कोहली, केएल राहुल, सरफराज खान, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), रविचंद्रन अश्विन, रवींद्र जड़ेजा, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव , मोहम्मद सिराज, आकाश दीप, वाशिंगटन सुंदर।

994350cookie-checkIND vs NZ: भारत के खिलाफ दूसरका टेस्ट से बाहर भइलें केन विलियम्सन, जानीं वजह; सीरीज में 1-0 से आगे बिया कीवी टीम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.