IND vs JPN U-19: एशिया कप में भारत के पहिला जीत, जापान के 211 रन से हरवलस, कप्तान अमान जड़लें शतक

Anurag Ranjan
IND vs JPN U-19: भारत जापान के हरवलस- फोटो : ACC

IND vs JPN U-19: भारत के अंडर-19 टीम जापान के 211 रन से हराके एशिया कप में आपन पहिलका जीत दर्ज कइलस। सोमार के शारजाह में खेलल गइल मुकाबला में पहिले बल्लेबाजी करत कप्तान मोहम्मद अमान के नाबाद शतकीय पारी के बदौलत भारत 50 ओवर में छव विकेट पs 339 रन बनवलस। जवाब में जापान के टीम आठ विकेट पs 128 रन बना सकल। ओकरा तरफ से ह्यूगो केली छव चौका के मदद से 50 रन बनवलें। भारत खातिर चेतन शर्मा, हार्दिक राज आ केपी कार्तिकेय दु-दु विकेट चटकावल लो। जबकि युद्धजीत गुहा के एगो सफलता मिलल। बता दीं कि, एह टूर्नामेंट में ई भारत के पहिला जीत हs। एकरा पहिले सनीचर के पाकिस्तान के खिलाफ खेलल गइल मैच में ओकरा 43 रन से करारी शिकस्त मिलल रहे।

IND Vs JPN U-19: जापान के पारी

340 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल जापान के सुरुआत कुछ खास ना रहल। निहार परमार खाली 14 रन बनाके आउट हो गइलें। हैरानी के बात ई बा कि टीम के कप्तान कोजी एबे खाता खोललें बिना पवेलियन लवटलें। भारत के घातक गेंदबाजी के खिलाफ जापान के बल्लेबाजी क्रम ताश के पत्तन के तरे बिखर गइल। ओकर सात बल्लेबाज दहाई के आंकड़ा तक ना छू पावल लो, एमे तीन खिलाड़ी अइसन रहे लो जे खाता तक ना खोल सकल। एह मुकाबला में ह्यूगो केली 111 गेना के सामना कइलें आ अर्धशतक जड़लें। ओहिजा, चार्ल्स हिंज दु चौका के मदद से 35 रन बनाके नाबाद रहलें।

IND vs JPN U-19: भारत के पारी

टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल भारतीय टीम अच्छा सुरुआत कइलस, बाकिर आठवां ओवर में पहिला विकेट गंवा देलस। आयुष म्हात्रे आ वैभव सूर्यवंशी के बीच पहिला विकेट खातिर 65 रन के साझेदारी भइल। चार्ल्स हिंजे उनका के आपन शिकार बनवलें। ऊ 23 रन बनाके पवेलियन लवटलें। फैंस के उनका से बड़ पारी के उम्मीद रहे, बाकिर ऊ जल्दिये आपन विकेट गंवा बइठलें। ओहिजा, आयुष छव चौका आ चार छक्का के मदद से 54 रन बनाके पवेलियन लवटलें।

इहो पढ़ीं: डीडीयू: शांतिपूर्ण माहौल में चल रहल बा विषम सेमेस्टर के परीक्षा, 4 के होखे वाला परीक्षा अब 8 के

एह मुकाबला में मोहम्मद अमान कप्तानी पारी खेलत भारत के स्कोर 300 के पार पहुंचावे में अहम भूमिका निभवलें। ऊ 118 गेना के सामना कइलें आ 103.38 के स्ट्राइक रेट से 122* रन बनवलें। एह दौरान ऊ सात गो चौका लगवलें। उनका अलावे आंद्रे सिद्धार्थ 35, केपी कार्तिकेय 57, निखिल कुमार 12, हरवंश पंगलिया एक आ हार्दिक राज ने 25* रन बनावल लो। जापान खातिर किफर यामामोटो लेक आ ह्यूगो केली दु-दु विकेट चटकावल लो, जबकि चार्ल्स हिंजे आउर आराव तिवारी एक-एक विकेट चटकावल लो।

दुनो टीमन के प्लेइंग 11…

भारत: आयुष म्हात्रे, वैभव सूर्यवंशी, आंद्रे सिद्दार्थ सी, मोहम्मद अमान (कप्तान), निखिल कुमार, केपी कार्तिकेय, हरवंश सिंह (विकेटकीपर), हार्दिक राज, समर्थ नागराज, युद्धजीत गुहा, चेतन शर्मा।

जापान: आदित्य फड़के, निहार परमार, कोजी हार्डग्रेव एबे (कप्तान), काजुमा काटो-स्टैफर्ड, चार्ल्स हिंज, ह्यूगो केली, टिमोथी मूरे, किफर यामामोटो-लेक, डैनियल पैंकहर्स्ट (विकेटकीपर), आरव तिवारी, मैक्स योनेकावा लिन।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment