IND vs ENG Day 3: रूट के शतकीय पारी से इंग्लैंड कसलस भारत पs शिकंजा, बढ़त 186 रन भइल; गेंदबाज कइल लोग निराश

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। इंग्लैंड भारत के खिलाफ 186 रन के बढ़त हासिल कs लेले बा। सुक के खेल समाप्त होखे तक इंग्लैंड पहिला पारी में सात विकेट पs 544 रन बना लेले बा। स्टंप्स के समय बेन स्टोक्स 77 आ क्रिस वोक्स चार रन बनाके क्रीज पs डटल बा लो। एकरा पहिले भारत पहिला पारी में 10 विकेट पs 358 रन बनवले रहे।

रूट आ पोप गेंदबाजन के लिहल लो खबर

भारतीय गेंदबाजन खातिर इंग्लैंड के बल्लेबाज मुसीबत बनल लो। दिन के खेल 225/2 के स्कोर से सुरू भइल रहे। ओली पोप 42 गेना में 20 आ जो रूट 27 गेना में 11 रन बनाके क्रीज पs मवजूद रहे लोग आ भारत 133 रन पीछे रहे। पहिला सत्र में रूट आ पोप 135 रन के साझेदारी कइल आ 332 रन बनावल। एकरा बाद दूसरका सत्र में भारत के दिन के पहिलका सफलता मिलल। वाशिंगटन सुंदर ओली पोप के केएल राहुल के हाथे कैच आउट करवलें। उ 71 रन बनाके पवेलियन लवटलें। उ तीसरका विकेट खातिर जो रूट के संगे 231 गेना में 144 रन के साझेदारी निभवले। इंग्लैंड के चउथा झटका वाशिंगटन सुंदर देलें। उ हैरी ब्रूक के आपन शिकार बनवलें। उ खाली तीन रन बना पवले।

रूट बनलें टेस्ट में सर्वाधिक रन बनावे वाला दूसरका बल्लेबाज

एकरा बाद बल्लेबाजी खातिर कप्तान बेन स्टोक्स जो रूट के संगे मोर्चा संभरले आ भारत के 358 रन के बराबरी कs लेलस। एह दौरान जो रूट 178 गेना में भारत के खिलाफ अपना टेस्ट करियर के 38वां शतक पूरा कइलें। उ 248 गेना में 150 रन बनाके पवेलियन लवटलें। उनका के रवींद्र जडेजा आपन शिकार बनवलें। रूट टेस्ट में सबसे जादे रन बनावे वाला दूसरका बल्लेबाज बन गइले। उ रिकी पोंटिंग के पीछे छोड़ देलें। ऑस्ट्रेलियाई खिलाड़ी के नाम एह प्रारूप में 13378 रन दर्ज बा। रूट अब उनका के पीछे छोड़ देले बाड़ें। उनका नावे 13379* रन दर्ज हो गइल बा। लाल गेना के प्रारूप में सबसे जादे रन बनावे के रिकॉर्ड सचिन तेंदुलकर के नावे दर्ज बा। उ 329 पारियन में 15921 रन बनवलें।

रिटायर्ड हर्ट होके लवटलें स्टोक्स, फेर बल्लेबाजी खातिर आइल

इंग्लैंड के पारी के दौरान बेन स्टोक्स रिटायर्ड हर्ट होके पवेलियन लवट गइल। उनका बायां गोड़ में क्रैम्प के शिकायत भइल, बाकिर कुछ समय बाद उ मैदान पs लवट अइलें। उ 134 गेना में छव चौका के मदद से 77 रन बनाके क्रीज पs डटल बाड़ें। एह दौरान जैमी स्मिथ नव आ क्रिस वोक्स चार रन बनावल। ओहिजा, लियाम डॉसन 52 गेना में दु चौका के मदद से 21 रन बनाके मवजूद बाड़ें। भारत खातिर रवींद्र जडेजा आ वाशिंगटन सुंदर दु-दु विकेट झटकल, जबकि जसप्रीत बुमराह, अंशुल कंबोज आ मोहम्मद सिराज के एक-एक सफलता मिलल।

Read Also: Kargil Vijay Diwas : जब भारतीय लड़ाका पाकिस्तान के घुटना टेके पs कs देले रहे लोग मजबूर, जानीं इतिहास

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-