Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बढ़त ठंडी में गोरखपुर में कश्मीर, हिमाचल के ऊनी कपड़ा के बढ़ल डिमांड

जानीं का बा कीमत

143
Google Ads 300*250 for posts

कड़ाका के ठंड के वजह से गोलघर स्थित गांधी आश्रम में खादी के कपड़ा के मांग बढ़ गइल। खासकर कश्मीर, हिमाचल प्रदेश के ऊनी कपड़ा के डिमांड ज्यादा बा। अब ले लगभग डेढ़ करोड़ के ऊनी कपड़न के लोग खरीदारी कइले बा। इहां 25 फीसदी डिस्काउंट भी मिल रहल बा।

गांधी आश्रम प्रबंधन भी पहिलही में ही कश्मीर अउर हिमाचल प्रदेश सहित अन्य स्थान से ऊनी कपड़ा के रेंज मंगा लिहले बा। प्रबंधक अभिमन्यु सिंह बतवलें कि गांधी आश्रम के कपड़ा में कौनो तरे के कौनो मिलावट नहीं होला। एकर वजह ई रहल कि लोग के पहिला पसंद होला। एह साल ग्राहकन के ध्यान में रख के आकर्षक रेंज में ऊनी कपड़ा रखल गइल बा।

गर्म कपड़ा कीमत (रुपया में)

शॉल-  750 – 7000
ऊनी चादर- 1500- 4000
कोट- 1500- 3000
गाउन- 2000- 4800
जर्किन- 2000- 2500
जैकेट- 1000- 3000
सदरी 2000-3500
ऊनी कपड़ा- 500- 800
पोली कपड़ा- 620- 800
मंकी टोपी 400-500
मफलर – 200- 500
दस्ताना- 200- 500
इनर- 1000
इनर सेट- 2500
कंबल- 750- 2600
लेडिज सूट पीस 2800
लेडिज स्वेटर 1000-3000
जेंस स्वेटर 100-2500
431370cookie-checkबढ़त ठंडी में गोरखपुर में कश्मीर, हिमाचल के ऊनी कपड़ा के बढ़ल डिमांड

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.