ठंडी के सितम: चिड़िया घर में अजगर के ओढ़ावल गइल कंबल, जानवर खातिर हीटर के भी इंतजाम

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 4, 2023

उत्तर भारत में ठंड के सितम के देखत लोग खातिर अलाव अउर रैन बसेरा के इंतजाम कइल जा रहल बा। लोग भी बहुत जरूरी होखले पs ही घर से बाहर निकल रहल बानें। एही तरे

Share

उत्तर भारत में ठंड के सितम के देखत लोग खातिर अलाव अउर रैन बसेरा के इंतजाम कइल जा रहल बा। लोग भी बहुत जरूरी होखले पs ही घर से बाहर निकल रहल बानें। एही तरे लखनऊ के चिड़िया घर में भी डॉक्टरन के सलाह पर जानवर के भोजन दिहल जा रहल बा। उहवें, कंबल अउर हीटर के भी इंतजाम कइल गइल बा।

वन मंत्री अरुण सक्सेना कहनें कि चिड़िया घर में जानवर के ठंडी से बचावे खातिर कंबल अउर हीटर के प्रबंध कइल गइल डॉक्टर लोग के सलाह पर उनके खातिर भोजन में भी बदलाव कइल गइल।

मंगलवार के जबरदस्त ठंड के चलते दिन के पारा 6.4 डिग्री लुढ़क के 10.6 डिग्री दर्ज भइल।

आंचलिक मौसम विज्ञान केंद्र के वरिष्ठ वैज्ञानिकन के मुताबिक, लखनऊ खातिर रेड अलर्ट बा। इहां कोल्ड डे अउर शीतलहर से इनकार नाइ कइल जा सकsता।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.