अक्सर एह तरह के खबर आवsला कि फलां होटल के कमरे में हिडन कैमरा मिलल बा। कई बेर एह हिडन कैमरा के जरिए लोग के निजी पल रिकॉर्ड कइल जाsला अउर फिर स्कैमर्स ब्लैकमेल करेने। ई हिडन कैमरा आमतौर पर बाथरूम के मिरर चाहे बल्ब में छिपा के रखल जाला। कई बेर ई समझल बहुते मुश्किल हो जाला कि का आपके कमरे में कैमरा बा, अउर अगर ह त कहां बा। ओइसे आप कुछ मोबाइल एप्स के मदद से एह तरह के हिडन कैमरा के बारे में पता लगा सकतनीं। आजु हम आपके अइसही पांच मोबाइल एप्स के बारे में बताईं। आईं जानतनीं…

Hidden device detector camera
ई एंड्रॉयड खातिर उपलब्ध बा। एह एप के अपने फोन में रखीं अउर इस्तेमाल करीं। एह एप के जरिए एप कौनो स्पाई चाहे हिडन कैमरा के खोज सकतनीं। ई हिडन माइक के भी पता लगा सकsता। एहमें मैग्नेटिक सेंसर लागल बा।

Spy c
एह एप के ले के दावा बा कि इहो भी कौनो भी तरह के छिपल कैमरा के पता लगा सकsता। एहमें भी एगो मैग्नेटोमीटर लागल बा। एह एप के ओपन कsके आशंका वाली जगह पर स्कैन करे के होई।

Hidden camera detector
ई एप भी सिर्फ एंड्रॉयड यूजर्स खातिर बा। एके आप गूगल प्ले-स्टोर से फ्री में डाउनलोड कर सकतनीं। ई एप भी मैग्नेटोमीटर के साथ आवsला अउर आपके फोन के मैग्नेटिक सेंसर के इस्तेमाल कsके हिडन कैमरा के पता लगावsला। ई इंफ्रारेड कैमरा के भी पता लगा सकsता।

Hidden spy camera detector
ई एप एंड्रॉयड अउर आईओएस दूनों एप खातिर बा। एके भी गूगल प्ले-स्टोर अउर एपल के एप स्टोर से मुफ्त में डाउनलोड कइल जा सकsता। ई सब नेटवर्क पर हिडन कैमरा के पता लगा सकsता। ई जीपीएस डिवाइस के भी ट्रैक करे में सक्षम बा। एह एप के एक प्रीमियम वर्जन भी बा।

Hidden camera detector pro
Hidden Camera Detector के भी एही हिसाब से डिजाइन कइल गइल बा कि ई कौनो भी हिडन कैमरा के पता लगा सकी। एहमें भी इंफ्रारेड कैमरा के पता लगावे के क्षमता बा।
Post Views: 5