Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर: संपत्ति विवाद में माई अउर छोटका बेटा जहर खा के दे देहलें जान, बड़का बेटा धोखा से हड़प लिहले रहे 69 लाख

372
गोरखपुर के गोरखनाथ इलाका के जन प्रिय बिहार कॉलोनी में संपत्ति विवाद में माई अउर बेटवा जहर खा लिहलें। गंभीर हालत में दूनों के जिला अस्पताल लावल गइल। डॉक्टर बीआरडी मेडिकल कॉलेज रेफर कs दिहल गइल बा, जहां डॉक्टर ओ दूनो जनी के मृत घोषित कर दिहनें। घटना मंगर देर रात 11.30 बजे के ह।
जनप्रिय बिहार इलाका के एलआईजी 100 में सरोज देवी (55) अपने बड़ बेटे श्रीश राव अउर छोट बेटे मनीष राव (28) के साथ रहत रहली। कुछ महीना पहिले ऊ जनप्रिय बिहार के मकान के 69 लाख में बेच दिहलें। रकम के माई अउर बड़ बेटे के संयुक्त खाता में रखल गइल रहे।
मोहल्ला वालन के अनुसार, बड़का बेटा चुपके से खाता के एकल करववले के साथ रकम निकाल के अलग जगह मकान खरीद लिहनें।एकर जानकारी होखले पर माई नाराज भइली त ऊ 10 नवम्बर के पत्नी के साथ ससुराल में जा के रहे लगनें। एही बीच कई बार माई छोट बेटा खातिर रुपया के मांग कइली लेकिन, बड़का बेटवा रुपये देहले से इनकार कर दिहलें।
मंगर के भी माई बेटवा श्रीश के फोन कs रुपये मंगलें लेकिन ऊ पइसा देहले से मना कर दिहलस। आरोप बा की श्रीश के व्यवहार से आहत माई अउर बेटवा मंगर देर रात जहर खा लिहनें। जानकारी मिलले के बाद लोग दूनों जनी के सबसे पहले जिला अस्पताल लेकर पहुंचलें। उहां से रेफर कइले के बाद मेडिकल कॉलेज ले जाइल गइल। 

करीब 11:30 बजे के आसपास ऊ दम तोड़ दिहली अउर डॉक्टर लोग उनके मृत घोषित कs दिहल। घटना के सूचना मिलले के बाद गोरखनाथ पुलिस लाश के कब्जा में ले लिहले बा।

381440cookie-checkगोरखपुर: संपत्ति विवाद में माई अउर छोटका बेटा जहर खा के दे देहलें जान, बड़का बेटा धोखा से हड़प लिहले रहे 69 लाख

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.