गोरखपुर: डॉ. राजेश कुमार होइहें आईएमए के अध्यक्ष, पूरा हो गइल पर्चा दाखिला

कुमार आशू
इंडियन मेडिकल एसोसिएशन (आईएमए) के जिला कार्यकारिणी में एह बेर तीन पद के छोड के अध्यक्ष, प्रेसीडेंट इलेक्ट समेत शेष सब पद पर निर्विरोध निर्वाचन तय बा। सचिव, मीडिया प्रभारी अउर बिल्डिंग इंचार्ज के पद पर दू-दू प्रत्याशी बानें। एह तीन पद पर डॉक्टरन के बीच सीधा टक्कर होई।
आईएमए के अध्यक्ष डॉ. शिव शंकर शाही बतवलें कि चुनाव अधिकारी से मिलल जानकारी के मुताबिक सचिव पद पर डॉ. अमित मिश्रा अउर डॉ. दीपक मोदी पर्चा भरले बानें। मीडिया प्रभारी पद पर डॉ. रत्नेश तिवारी अउर डॉ. इमरान अख्तर पर्चा दाखिल कइलें। बिल्डिंग इंचार्ज पद पs भी डॉ. अजय शुक्ला अउर डॉ. शशिकांत दीक्षित पर्चा दाखिल कs दिहले बानें।
24 नवंबर ले प्रत्याशी पर्चा वापस ले सकतने। एकरे बाद तीन पद पर मतदान के स्थिति स्पष्ट होई। एकरे अलावा अध्यक्ष, उपाध्यक्ष, सांस्कृतिक मंत्री, खेल मंत्री, कोषाध्यक्ष जइसन अहम पद पर खाली एकहक पर्चा दाखिल भइल बा। एह पद पर प्रत्याशियन के निर्विरोध निर्वाचन तय बा।

एह पद पर भइल निर्विरोध निर्वाचन

पद                        प्रत्याशी
अध्यक्ष                  डॉ. राजेश कुमार गुप्ता
प्रेसिडेंट इलेक्ट         डॉ. स्मिता जायसवाल
उपाध्यक्ष                डॉ. वाई सिंह, डॉ. एके छपरिया, डॉ. एपी सिंह, डॉ. संजीव गुप्ता
ज्वाइंट सेक्रेटरी         डॉ. प्रकाश चंद शाही, डॉ. ओमकार राय
कोषाध्यक्ष              डॉ. संजीव कुमार सिंह
ऑडिटर                 डॉ. अश्विनी अग्रवाल
कल्चरल सेक्रेटरी         डॉ. अंजू श्रीवास्तव
साइंटिफिक सेक्रेटरी       डॉ. मुकेश शुक्ला
स्पोर्ट्स सेक्रेटरी          डॉ. अमित सिंह

वूमन डॉक्टर विंग के निर्विरोध पदाधिकारी

चेयरमैन              डॉ. अंजू जैन
वाइस चेयरमैन       डॉ. बबीता शुक्ला
सेक्रेटरी               डॉ. अल्पना अग्रवाल
कोषाध्यक्ष             डॉ. अरुणा छपरिया
ज्वाइंट सेक्रेटरी       डॉ. पूनम सिंह
Share This Article