Goa Nightclub Fire : थाइलैंड पुलिस के हिरासत में लूथरा ब्रदर्स, भारत ले आवे के तइयार‍ी तेज

Luthra brothers detained by Thailand police in connection with Goa nightclub fire case

Share

नई दिल्ली। गोवा के बर्च बाय रोमियो लेन नाइट क्लब में लागल भीषण आग के जांच से जुड़ल एगो बड़ खबर बाहर आ रहल बा। क्लब के मालिक सौरभ लूथरा आ गौरव लूथरा के थाइलैंड पुलिस फुकेट में हिरासत में लेले बिया। दुनु भाइयन के पहिलका तस्वीर सामने आ गइल बा।

जानकारी के मोताबिक, जइसही क्लब में आग लागल आ बचाव अभियान चलत रहे, ओही बीच लूथरा ब्रदर्स थाइलैंड के टिकट बुक कs के दिल्ली से सीधा भाग गइल लोग। एकरा पहिले गोवा पुलिस दुनु भाई के पासपोर्ट सस्पेंड कs देलस। एह आग में 25 लोगन के मौत भइल रहे, जवना में 20 स्टाफ आ 5 पर्यटक सामिल रहे लोग। लूथरा ब्रदर्स पs गैर-इरादतन हत्या आ लापरवाही के ममिला दर्ज बा।

पहिलका फोटो बाहर

थाइलैंड पुलिस जब दुनु भाई के डिटेन कइलस, ओकरा बाद के पहिलका तस्वीर अब बाहर आ गइल बा। एएनआई के मोताबिक, अब दुनु के दिल्ली ले आवे के प्रक्रिया तेज हो गइल बा।

अग्निकांड के बाद गोवा प्रशासन के नया आदेस

एह दुखद घटना के बाद जिला प्रशासन एहतियातन नया आदेस जारी कइले बा। अब टूरिस्ट एरिया में पटाखा, फुलझड़ी, आतिशबाजी पूरा तरे से प्रतिबंधित कs दिहल गइल बा।

ई आदेस भारतीय नागरिक सुरक्षा संहिता 2023 के धारा 163 के तहत जारी भइल बा।
रोक पूरा उत्तर गोवा में लागू होई-

  • नाइट क्लब
  • बार आ रेस्टोरेंट
  • होटल, गेस्ट हाउस
  • रिसॉर्ट
  • बीच शैक
  • टेंपरेरी स्ट्रक्चर

सभ जगह पर ई आदेश लागू हो गइल बा।

Read Also: Himachal Pradesh : पीडब्ल्यूडी आ जल शक्ति विभाग में शिफ्ट होई बिजली बोर्ड के 250 पद, जानीं पूरा ममिला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-