[the_ad_group id="30365"]

Indigo Delay : इंडिगो यात्रियन के केतना मिली मुआवजा? एयरलाइन कइलस ऐलान, जान लीं केकरा-केकरा मिली राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। देस के सबसे बड़ एयरलाइन कंपनी इंडिगो हालिया संकट से प्रभावित भइल यात्रियन खातिर रिफंड के बाद अब अतिरिक्त मुआवजा देवे के ऐलान कइले बा। बाकिर ई राहत कुछ गिनल-चुनल यात्रियन के मिले वाला बा।

आईं समझल जावs इंडिगो का कहत बा? कवना यात्रियन के राहत मिली? आ कंपनी पs एकरा से केतना बोझ पड़ सकेला?

इंडिगो का कहत बा?

इंडिगो बतवलस कि जवन यात्री आपन टिकट कवनो ट्रैवल पार्टनर प्लेटफॉर्म से किनले बा लोग, ओह लोगन के रिफंड खातिर प्रक्रिया सुरू हो गइल बा। बाकिर एयरलाइन के सिस्टम में एह यात्रियन के पूरा डिटेल नइखे।

एहसे ई यात्री customer.experience@goindigo.in पs मेल कs के आपन जानकारी भेज सकत बा लोग। कंपनी कहले बिया कि “हमनी के ओह लोगन के मदद जारी रखेम सs।”

केकरा मिले वाला बा 10 हजार के ट्रैवल वाउचर?

एयरलाइन कहलस कि 3, 4 आ 5 दिसंबर के जे लोग इंडिगो से यात्रा करत रहे, ऊ भीड़ के वजह से घंटन एयरपोर्ट पs फंस गइल। संगही यात्रा अनुभव खराब भइल। एह सभ प्रभावित यात्रियन के इंडिगो 10,000 रुपिया के ट्रैवल वाउचर दी। ई वाउचर अगिला 12 महीना तक इंडिगो के कवनो फ्लाइट में इस्तेमाल हो सकेला।

इंडिगो साफ कइलस कि ई अतिरिक्त मुआवजा बा। सरकार के गाइडलाइन मुताबिक बिना जानकारी उड़ान रद्द भइला पर 24 घंटा के भीतर कैंसिल भइल फ्लाइट खातिर 5000 से 10,000 रुपये देवे के नियम बा। एकरा पs इंडिगो पूरा तरे प्रतिबद्ध बा।

इंडिगो पs केतना पड़ सकेला बोझ?

इंडिगो के वेबसाइट के मोताबिक-

रोज 3 लाख 20 हजार यात्री आ रोज 2300 से जादे घरेलू आ अंतरराष्ट्रीय उड़ान संचालित कइल जाला।3 से 5 दिसंबर के बीच सइयन गाे फ्लाइट रद्द भइल। हजारन यात्री प्रभावित भइल लोग। जदि हर प्रभावित यात्री के 10 हजार के वाउचर दिहल जाई, तs इंडिगो पs सइयन करोड़ रुपिया के आर्थिक बोझ पड़ला के पूरा संभावना बा।

Read Also: Goa Nightclub Fire : थाइलैंड पुलिस के हिरासत में लूथरा ब्रदर्स, भारत ले आवे के तइयार‍ी तेज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]