मई से एह राशियन के चमक सकतs बा किस्मत, धन-वैभव के दाता शुक्र करिहें मंगल के घर में प्रवेश, बरसइहें खूब पैसा

Minee Upadhyay
धन-वैभव के दाता शुक्र करिहें मंगल के घर में प्रवेश

Shukra Gochar 2025: मई महीना में दैत्य गुरू शुक्र मेष राशि में प्रवेश करे वाला बाड़ें। अइसना में एह तीन गो भाग्यशाली राशियन खातिर उ खूबे लाभदायक रहिहें , एह राशि के जातकन के हर क्षेत्र में धन-दौलत , मान-सम्मान आ वैभव मिल सकेला।

Shukra Gochar 2025: ज्योतिष शास्त्र के अनुसार शुक्र ग्रह के स्त्री ग्रह के संज्ञा दिहल गइल बा। शुक्र धन, वैभव,सुख,प्रेम, आकर्षण आ स्त्री सुख आदि के कारक ग्रह मानल जाला। अइसना में एह ग्रह के स्थान बदलला के चलते एह क्षेत्रन में सबसे बेसी असर देखे के मिलेला। बता दीं कि शुक्र अभी मीन राशि में बाड़ें। ओहिजे मई महीना के अंत में माने 31 मई के उ राशि बदलि के मेष राशि में प्रवेश कई जइहैं। शुक्र के एह राशि बदले के चलते कुछ राशि के जातक लोगन के हर क्षेत्र में खूब सफलता आ आपार धन आ वैभव के लाभ मिल सकेला।
शुक्र ग्रह के प्रेम, सुंदरता, कला, विलासिता आ वैवाहिक जीवन के कारक मानल जाला। ई ग्रह जीवन में सुख-सुविधा आ आकर्षण से जुड़ल बा। 2025 में शुक्र के पारगमन के असर अलग-अलग राशि प अलग-अलग होई।

आईं जानल जाए ओह तीन गो भाग्यशाली राशियन के बारे में……

वैदिक ज्योतिष शास्त्र के अनुसार शुक्र 31 मई 2025 के सुबह 11 बज के 42 मिनट पs मंगर ग्रह के राशि मेष में प्रवेश करिहें आ 29 जून 2025 तक एहीजे रहींहें।

मिथुन राशि (Mithun Zoadic)


शुक्र के मेष राशि में गइला से एह राशि के लोग खातिर फायदेमंद हो सकेला। पारगमन एह राशि के एगारहवाँ घर में होई। अइसना में ए राशि के लोग हर क्षेत्र में भारी मुनाफा कमा सकs तारे। रउरा अपना संतान से सुख पा सकेनी। एकरा संगे-संगे बहुत नाया नौकरी के मवका मिल सकता। कई गो ऑनसाइट मवका मिल सकेला. बिजनेस में भी भारी मुनाफा मिल सकेला। सट्टेबाजी के माध्यम से केहू बहुत पईसा कमा सकता। आर्थिक स्थिति भी बढ़िया होखे वाला बा। हो सकेला कि रउरा पइसा कमाए में सफल होखब। एकरा संगे-संगे प्रेम जीवन भी बहुत खुशहाल होखे वाला बा। स्वास्थ्य ठीक रही।

कुंभ राशी (Kumbh Zoadic)


एह राशि में शुक्र के तीसरा घर में पारगमन होखे वाला बा। अइसना में ए राशि के लोग के भी बहुत फायदा हो सकता। बहुत दिन से लटकल काम पूरा हो सकेला। एकरा संगे-संगे धन अवुरी समृद्धि में बढ़ोतरी हो सकता। परिवार के साथे रउरा बढ़िया समय बिताइब। शुक्र के राशि के बदलाव रोजगार वाला लोग खातिर भी फायदेमंद हो सकता। एह राशि में पैदा होखे वाला लोग आपन निवास स्थान बदल सकेला। नया नौकरी मिले के संभावना पैदा हो रहल बा। बिजनेस के बात करीं त जवन प्रोजेक्ट बहुत दिन से लटकल भा फंसल बा ऊ रउरा लगे आ सकेला।

सिंह राशि (Leo Zoadic)


शुक्र के राशी बदलाव से एह राशि के लोग खातिर फायदेमंद हो सकेला। शुक्र एह राशि के दसवाँ घर में गोचर करीहें। अइसना में ए राशि के लोग के काम के जगह पs बहुत फायदा हो सकता। रउरा अपना काम में तेजी से प्रगति देखे वाला बानी। एकरा संगे-संगे बहुत नौकरी के मवका भी मिल सकता। बिजनेस में भी मुनाफा के संभावना बा। हो सकेला कि रउरा बहुते नया ऑर्डर भी मिल जाऊ। एकरा से रउरा बहुते मुनाफा हो सकेला। प्रेम जीवन नीमन होई अवुरी जीवनसाथी के संगे बढ़िया तालमेल होई।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।