पूर्व विधायक अउर कांग्रेस नेता आसिफ खान गिरफ्तार, दिल्ली पुलिस के एसआई के दिहले रहनें धमकी

Share

एगो वायरल वीडियो में दिल्ली पुलिस के एसआई समेत दू कर्मियन से अभद्रता करे अउर उनके धमकी देहले के मामले में पूर्व विधायक अउर कांग्रेस नेता आसिफ मोहम्मद खान के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। एह संबंध में शाहीन बाग थाना में मुकदमा दर्ज कइल गइल बा।

पुलिस बतवलस कि आरोपी ले गिरफ्तार कइले के संगे दू अन्य आरोपी मिन्हाज अउर साबिर के हिरासत में ले लिहल गइल बा। उनकर भूमिका के जांच कइल जा रहल बा। पुलिस अधिकारियन से दुर्व्यवहार करे वाले अन्य आरोपियन के तलाश में छापेमारी कइल जा रहल बा।

डीसीपी ईशा पांडे कहली कि पुलिस टीम पेट्रोलिंग करत रहे त उनके तय्यब मस्जिद के लग्गे 20-30 लोग के भीड़ लागल दिखल। लग्गे जा के देखनें त उहां एमसीडी में कांग्रेस के पार्षद उम्मीदवार अरीबा खआन के पिता अउर पूर्व विधायक आसिफ मोहम्मद खान अपने समर्थक के साथ रहल अउर माइक से उपस्थित लोग के संबोधित करत रहनें।

ऊ बतवलें कि एसआई अक्षय जब आसिफ के चुनाव आयोग के अनुमति के बारे में पुछलें त आसिफ आक्रामक हो गइले अउर उनके साथ अभद्रता करे लागल। आसिफ उनके गारी देहनें अउर उनके साथ धक्का-मुक्की कइल गइल। एह संबंध में आसिफ शिकायत दिहले रहनें जेकरे आधार पर एफआईआर दर्ज कइल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-