इंडिया में चाय के एनर्जी ड्रिंक के तरे पियल जाला। तs कुछ लोगन खातिर ई नींद भगावे के उपाय बा तs कुछ लोग पेट साफ करे के दवा मानत बाड़। बाकिर चाय के साथे कुछ चीज ना खाये के चाहीं। जेमे से एगो बिस्कुट बा। अधिकतर लोग एह स्नैक के चाय के संगे खाला।
डाइटिशियन मनप्रीत के मोताबिक, चाय के संगे बिस्कुट खाये से कइयन बेमारी पैदा हो सकत बा। ई राउर डीएनए तक डैमेज कs सकत बा। ऊ एह खाद्य पदार्थ के हेल्दी ऑप्शन बतवलें, जवन एकदम देसी आ स्वास्थ्यवर्धक बा।
नवहन में हार्ट अटैक के ममिला बढ़त जा रहल बा। जेकर खतरा चाय आ बिस्कुट खाये से बढ़ सकत बा। बिस्कुट में सोडियम जादे होला, जवन ब्लड प्रेशर बढ़ावे ला। जवन कि हार्ट अटैक आ दिल के बेमारी के बड़का कारण बा।
एह हाई प्रोसेस्ड फूड बा, जेमे डीएनए डैमेज करे वाला बीएचए आ बीएचटी होला। एह फूड में हाइड्रोजेनेटेड वेजिटेबल ऑयल होला, जवन देह के हॉर्मोन बिगाड़ सकत बा।
चाय के संगे खाई भूजल चाना
- भुजल चना इंसुलिन रेगुलेट कs के ब्लड शुगर कंट्रोल रखेला।
- एमे इम्युनिटी बढ़ावे वाला बी-कॉम्प्लैक्स होला।
- डायजेशन बढ़ावे वाला फाइबर होला।
- हड्डी के मजबूत बनावे वाला कैल्शियम, मैग्नीशियम मिलेला ।
- सूजन घटावे वाला कोलीन होला।