पैना शहीद स्मारक पs पुष्प अर्पित कs के वीर अमर बलिदानियन के कइल गइल इयाद

Share

अखिलेश कुमार सिंह: आज सोमार के पैना में अमर बलिदानियन के 79वां वर्ष गांठ पs इयाद कs पुष्प अर्पित कs के इयाद कइल गइल। संगही जल समाधि लेवे वाला माता लोगन के नमन कइल गइल।

हर साल के लेखा एहु साल 31 जुलाई के पैना शहीद स्मारक पैना में रघुनाथ सिंह इंटर कॉलेज परिवार के द्वारा शहीद दिवस मनावल गइल। जेमे विद्यालय के प्रबंधक डॉ० वीके सिंह प्रधानाचार्य चंद्रभूषण तिवारी, उदय भान उपाध्याय, सत्येंद्र नाथ उपाध्याय, ईश्वर चंद तिवारी, सुनील कुशवाहा, अतुल कुमार सिंह चुन्नीलाल, दिनकर, इम्तियाज अहमद, जहीर अहमद, जय प्रकाश मिश्रा आ गांव के कुछ सम्मानित लोग सामिल भइल।

मवजूद लईकन में यशवंत सिंह,पूर्व छात्र संघ अध्यक्ष अटल सिंह, अभिषेक सिंह, सत्यम सिंह, शुभम सिंह, गिरजेश सिंह, क्षेत्र पंचायत प्रतिनिधि बृजेश सिंह, संदीप मदेसिया, धर्मेंद्र निषाद, मृत्युंजय सिंह, अंकित सिंह ,मोनू, राम प्रकाश सिंह , सूरज खरवार आदि उपस्थित रहल लो। जेमे रघुनाथ सिंह इंटर कालेज के प्रबंधक आ लईकन द्वारा सरजू के तट पs दीप प्रज्वलित कs के श्रद्धांजलि दिहल गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-