स्पोर्ट्स डेस्क। ENG vs IND: एंडरसन-तेंदुलकर ट्रॉफी 2025 के 5वां आ आखिरी टेस्ट के चउथा दिन इंग्लैंड के बल्लेबाज जो रूट आ हैरी ब्रूक सानदार प्रदर्शन करत भारत के खिलाफ जोरदार वापसी कइलें।
इंग्लैंड चउथा दिन के सुरुआत 50/1 के स्कोर से कइलस आ दिन के अंत तक 339/6 के स्कोर बनवलस। एह दौरान जो रूट 105 रन के सानदार पारी खेलके एगो बड़ रिकॉर्ड बनवलें। बता दीं कि इंग्लिश टीम के अब पांचवां दिन जीत खातिर 35 रन के दरकार बा।
ENG vs IND: Joe Root ने बनाया वर्ल्ड रिकॉर्ड
भारत के खिलाफ अपना एह सानदार सेंचुरी के संगे, जो रूट (Joe Root) एंडरसन-तेंदुलकर ट्रॉफी 2025 में कुल 537 रन पूरा कइलें। एकरा संगही रूट भारत के खिलाफ तीन अलग-अलग टेस्ट सीरीज में 500+ रन बनाने वाला एकमात्र बल्लेबाज बन गइल बाड़ें।
केनिंग्टन ओवल में रूट के शतकीय पारी के बाद उ इतिहास रचलें। उ विश्व टेस्ट चैम्पियनशिप इतिहास में 6000 रन के आंकड़ा पार करे वाला पहिला खिलाड़ी बन गइल बाड़ें। ओहिजा, रूट एक्टिव खिलाड़ियन में टेस्ट में सबसे जादे शतक लगावे वाला खिलाड़ी बाड़ें।
हालांकि, उ टेस्ट क्रिकेट में सर्वाधिक शतक लगावे वाला खिलाड़ियन के लिस्ट में चउथा नंबर पs आ गइल बाड़ें। उ श्रीलंका के महान कुमार संगाकारा के पीछे छोड़ देले बाड़ें, जिनका नावे 38 टेस्ट सेंचुरी बा। जो रूट से आगे अब खाली रिकी पोंटिंग (41), जैक कैलिस (45) आ सचिन तेंदुलकर (51) बा लो।
भारत के खिलाफ रूट 500+ रन टेस्ट सीरीज में
518 रन – 2014 ( जब भारत के कप्तान MS धोनी रहस)
737 रन – 2021 (जब विराट कोहली कप्तान रहस)
537 रन – 2025 (शुभमन गिल के कप्तानी के दौरान)*
भारत के उम्मीद गेंदबाजन पs टिकल
चउथा दिन के अंत में भारत मैच में कुछ वापसी के कोसिस कइलस, जब जैकब बेटेल खाली 5 रन बनाके आउट भइलें। अब मुकाबला रोमांचक मोड़ पs बा, जहां इंग्लैंड के जीत खातिर 35 रन आउर चाहीं, जबकि भारत के 4 विकेट निकाले के बा।
पांचवां दिन के सुरुआत इंग्लैंड के नया बल्लेबाज जेमी स्मिथ और जेमी ओवरटन के संगे होई। भारत के कोसिस रही कि उ बॉलिंग से चमत्कार कs सकस आ इंग्लैंड के लक्ष्य तक ना पहुंचे देवे लो।