टेक्नोलॉजी डेस्क। एह घरी स्मार्टफोन बहुते एडवांस हो गइल बा। AI के चलते फोन आउर स्मार्ट बन गइल बा आ टेक्नोलॉजी तेजी से बदल रहल बा। एही बदलाव में अब बहुत लोग फिजिकल SIM के बदले e-SIM इस्तेमाल करे लागल बा। कइयन गो नया फोन में तs खाली e-SIM के सपोर्ट मिल रहल बा।
अब सवाल उठत बा कि e-SIM बेहतर बा कि फिजिकल SIM आ का एह से नेटवर्क पs कवनो असर पड़ेला? आईं समझल जावs।
e-SIM का हs?
e-SIM एगो डिजिटल SIM हs, जवन फोन के अंदर पहिले से फिट रहेला। एमे अलग से SIM डाले के जरूरत ना पड़ेला। रउआ QR कोड स्कैन कs के भा आपरेटर के मदद से एकरा के चालू कs सकत बानी। जबकि फिजिकल SIM उ पुरान तरीका वाला SIM हs, जवन हमनी के सालन से इस्तेमाल करत आ रहल बानी सs।
नेटवर्क पs का असर पड़ेला?
सबसे जरूरी बात ई बा कि नेटवर्क क्वालिटी पs कवनो खास फरक ना पड़ेला। e-SIM आ फिजिकल SIM दुनो एके नेटवर्क सिस्टम पs काम करेला। जदि नेटवर्क बढ़िया बा, तs कॉलिंग, इंटरनेट स्पीड आ कवरेज दुनो में लगभग बराबर रही।
e-SIM के फायदा
e-SIM में SIM भूला गइला भा खराब हो गइला के डर ना रहेला। बिदेस यात्रा में आसानी से नेटवर्क बदल सकत बानी। एकरा से फोन में कइयन गो प्रोफाइल सेव करे के सुविधा मिलेला।
फिजिकल SIM के फायदा
फिजिकल SIM आसानी से एक फोन से निकाल के दूसरा में लगावल जा सकेला। लगभग हर फोन में ई सपोर्ट मिलेला आ एक्टिवेशन बहुत आसान आ तेज होखेला।
कवन बेहतर बा?
जदि रउआ नया टेक्नोलॉजी आ सुविधा चाहत बानी, तs e-SIM बढ़िया विकल्प बा। बाकिर अगर रउआ सादा आ आसान तरीका पसंद करेनी, तs फिजिकल SIM बढ़िया बा। सबसे खास बात- दुनो में नेटवर्क पs कवनो असर ना पड़ेला, तs रउआ आपन जरूरत के हिसाब से चुन सकत बानी।
Read Also: Air Canada Express Accident : न्यूयॉर्क एयरपोर्ट पs विमान ग्राउंड व्हीकल से टकराइल, अफरा-तफरी मच गइल









