Delhi Airport: दिल्ली एयरपोर्ट पs एगो विमान करत रहे टेक ऑफ, ओहि समय दूसरका विमान भइल लैंडिंग, टक्कर होत-होत बचल

Share

 

दिल्ली हवाई अड्डा : बुधवार के सबेरे दिल्ली हवाई अड्डा पs भईल एगो बड़ दुर्घटना के टाल दिहल गईल। विस्तारा एयरलाइंस के एगो विमान के उड़ान भरे के अनुमति दिहल गईल जबकि एगो अवुरी विमान उतरे के प्रक्रिया में रहे। एटीसी के निर्देश के मुताबिक उड़ान रद्द क दिहल गईल।

समाचार एजेंसी एएनआई ई जानकारी दिहले बिया

एएनआई के मुताबिक, दिल्ली से बागडोगरा जाए वाली फ्लाइट यूके725 हाल ही में उद्घाटन भईल नाया रनवे से उड़ान भरत रहे। एकरा साथे साथ अहमदाबाद से दिल्ली खातिर विस्तारा के उड़ान बगल के रनवे पs उतरला के बाद ओही रनवे के अंत के ओर बढ़त रहे।

एटीसी के सतर्कता से दुर्घटना के बचावल गईल

जानकार एगो अधिकारी एएनआई से कहले कि, “दुनो उड़ान के एक संगे क्लियर कईल गईल लेकिन एटीसी तुरंत नियंत्रण क लेलस। ड्यूटी पd मौजूद एटीसी (एयर ट्रैफिक कंट्रोल) के अधिकारी विस्तारा से उड़ान रद्द करे के कहले।

दिल्ली-बागडोगरा के फ्लाइट के रद्द होखला के बाद तुरंत पार्किंग एरिया में वापस आ गईल।अधिकारी के कहनाम बा कि फ्लाइट में ईंधन भर दिहल गईल ताकि विमान में एतना ईंधन होखे कि जदी पायलट के बागडोगरा में खराब मौसम के सामना करे के पड़े तs दिल्ली वापस आ सके। साथ ही ब्रेकिंग सिस्टम के भी जांच कईल गईल।

 

 

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-