Gorakhpur News : मतदाता जागरूकता अभियान के तहत एक दिन के कार्यक्रम आयोजित

NSS students organizing voter awareness rally at DAV PG College Gorakhpur

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) के तरफ से सनिचर के एक दिन के सामान्य कार्यक्रम के तहत मतदाता जागरूकता रैली आ गोष्ठी के आयोजन कइल गइल। एह कार्यक्रम के मकसद लोग, खासकर नवहा वर्ग के मतदान के महत्व के बारे में जागरूक कइल रहल।

कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता आ डॉ. शत्रुघ्न सिंह के निरदेसन में सबेरे 10 बजे राष्ट्रीय सेवा योजना के दयानंद आ विवेकानंद इकाई के स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग दीवान बाजार से लेके बक्शीपुर चौराहा के आसपास तक मतदाता जागरूकता रैली निकालल लोग। रैली के दौरान छात्र-छात्रा लोग आम जनता आ नवहन से संपर्क कइल लोग ओह लोगन के मतदान के अधिकार के महत्व समझावल।

रैली के बाद कॉलेज के सभागार कक्ष संख्या सात में दुपहरिया 12 बजे से एगो बौद्धिक गोष्ठी आयोजित कइल गइल। एह गोष्ठी में शिक्षा शास्त्र विभाग के सहायक आचार्य डॉ. आशाराम वक्ता के रूप में संबोधन देलें। ऊ कहलें कि 18 साल के उमर पs मतदान के अधिकार मिलल लोकतंत्र में बहुत महत्वपूर्ण बा आ हर नवहा के एह अधिकार के जिम्मेदारी से इस्तेमाल करे के चाहीं।

एह गोष्ठी के मुख्य वक्ता हिंदी विभाग प्रभारी प्रो. वेदवती सिंह रहलें। ऊ कहलें कि नवहा लोग जब मतदान में भाग लेला तs ऊ राष्ट्र निर्माण के पहिला सीढ़ी चढ़ेला। लोकतंत्र मजबूत बने खातिर हर नागरिक के मतदान जरूर करे के चाहीं।कार्यक्रम के संचालन डॉ. शत्रुघ्न सिंह कइलें, जबकि धन्यवाद ज्ञापन वरिष्ठ कार्यक्रम अधिकारी डॉ. प्रतिभा गुप्ता देली।

एह अवसर पs कॉलेज के शिक्षक प्रो. प्रवीण सिन्हा, डॉ. राजेश राय, मुन्ना गुप्ता, विश्वदीपक सहित कइयन गो शिक्षक मवजूद रहे लाेग। संगही छात्र-छात्रा लोगन में आयुष, आसिफ, आदर्श, रिया, खुसी, नाजिया, अभिषेक, अनमोल, श्रद्धा, मरियम, मुस्कान, झलक, रिद्धिमा आ छाया सिंह आदि के सक्रिय भागीदारी रहे।

Read Also: Sonam Wangchuk : सोनम वांगचुक जोधपुर जेल से रिहा, केंद्र सरकार हटवलस एनएसए

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-