साइक्लोन फेंगल के कहर, तमिलनाडु में लैंडस्लाइड, लइका समेत 7 लोग मलबा में दबले

फेंगल के कहर

Share

तमिलनाडु के तिरुवन्नामलाई जिला में अतवार के देर साँझ भूस्खलन भइल जवना में एगो पहाड़ी के निचला ढलान पs बसल एगो इमारत चपेट में आ गइल. एह भूस्खलन में दू परिवार के सात लोग फंसला के आशंका बा जवना में लइका-लइकी शामिल बाड़े. शुरुआती जानकारी के मुताबिक, चक्रवात फेंगल के असर के चलते जिला में भईल भारी बरखा के चलते इs भूस्खलन भईल।

जिलाधिकारी डी. भास्कर पांडियन बतवले कि घर के भीतर दु जोड़ा अवुरी उनुकर तीन बच्चा फंसल बाड़े, काहेंकी ओ लोग के कवनो निशान नईखे मिलल। घटना अतवार के सांझ के भईल जब तिरुवन्नामलाई के अन्नामलईयार पहाड़ी के तलहटी में स्थित वीओसी नगर में भूस्खलन भईल जवना से कई घर के नुकसान भईल।

इलाका में मकान के ऊपर भारी चट्टान बनला के चलते जिला प्रशासन बचाव अभियान शुरू करे खातीर एनडीआरएफ अवुरी एसडीआरएफ के टीम से मदद मंगले बा। कलेक्टर के मुताबिक, जदी बचाव अभियान ठीक से ना भईल तs चट्टान गिरला के खतरा बा। घटनास्थल के नजदीक कई गो अउरी मकान भी क्षतिग्रस्त हो गईल बा । प्रशासन स्थानीय लोग के सुरक्षित जगह पs शिफ्ट कs देले बा। मलबा के नीचे दफन लोग के बचावे में स्थानीय पुलिस, एसडीआरएफ अवुरी एनडीआरएफ के टीम व्यस्त बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: धनुरासन योग कइले से होला बहुत फायदा, जानीं अभ्यास के तरीका आ लाभ

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-