[the_ad_group id="30365"]

बरेली में गूगल मैप फेर दिहलस धोखा, शॉर्टकट देखाके गलत रास्ता पs ले गइल, नहर में गिर गइल कार

दुर्घटना
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अबे कुछ दिन पहिले बरेली-बदायूं रोड पs गूगल मैप के गलती से तीन लोग के मउत के मामला जब उनुकर गाड़ी रामगंगा नदी में गिर गईल रहे, इs अबे ठंडा ना भईल रहे कि एक बेर फेर बरेली में गूगल मैप के चलते एगो बड़ दुर्घटना भईल। हालांकि एs दुर्घटना में तीन दोस्त के मात्र मामूली चोट आईल। मंगल के सबेरे जब गांव के लोग बहरी निकलल तs देखले कि सूखल नहर में एगो सफेद रंग के गाड़ी गिर गईल बा। उs तुरंत पुलिस के सूचना देले। मौका पs पहुंचल पुलिस क्रेन के मदद से गाड़ी निकाल के तीनों युवक के अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां तीनों के हालत सामान्य बा।

कार कलापुर नहर में गिर गईल

इs हादसा बरेली के इज्जत नगर थाना क्षेत्र के पीलीभीत रोड पs भईल।  बतावल जाता कि गूगल मैप के ओर से दिहल निर्देश के मुताबिक जात एगो कार कलापुर के सूखल नहर में पलट गईल। बतावल जाता कि तीन युवक कानपुर से पीलीभीत जात रहले। रस्ता खोजे खातिर गूगल मैप के मदद लेले बाकिर इs हादसा पीलीभीत बाईपास पs एगो नहर के किनारे एगो छोट सड़क पs भईल।

3 गो दोस्त गूगल मैप के मदद से पीलीभीत जात रहले
औरैया निवासी दिव्यांशु सिंह दु दोस्त के संगे सैटेलाइट अवुरी गूगल मैप के मदद से पीलीभीत जात रहले। कलापुर नहर गांव बरकापुर तिरहा के पास सड़क काट देले। एकरा चलते गाड़ी नहर में पलट गईल। घटना सबेरे 6 बजे भईल। गाड़ी में तीन लोग रहले। एs घटना में केहु गंभीर रूप से घाही नईखे भईल।  मौका पs पहुंचल पुलिस क्रेन से गाड़ी के नहर से बाहर निकाल देलस।
इहो पढ़ीं: कोलकाता में अब ‘यात्री साथी’ से खरीदीं सरकारी बस खातीर टिकट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]