दु दिन के दौरा पs आज गोरखपुर अइहें योगी: सर्वोदय विद्यालय के उद्घाटन करिहें, कइयन आ कार्यक्रमन में सामिल होई 

khabar Bhojpuri Desk

गोरखपुर के लोगन के सनीचर माने छह जुलाई के सीएम योगी के हाथन गोरखपुर के प्राविधिक आ बालिका शिक्षा के क्षेत्र में बड़ सौगात मिले जा रहल बा। मुख्यमंत्री सहजनवा के हरदी में बनल राजकीय पॉलिटेक्निक आ हरपुर (सिसवा अनंतपुर) में बनल जयप्रकाश नारायण सर्वोदय बालिका विद्यालय के उद्घाटन करिहें। सर्वोदय बालिका विद्यालय के सुभारंभ के मवका पs मुख्यमंत्री कुल 54.70 करोड़ रुपिया के आठ विकास परियोजनन के लोकार्पण आ शिलान्यास करिहें।

समाज कल्याण विभाग के ओर से संचालित राजकीय आश्रम पद्धति विद्यालय अब जयप्रकाश नारायण सर्वोदय विद्यालय के नाम से जानल जाला। गोरखपुर में चौरीचौरा के गौनर विशुनपुर में आ गोला के पतरा में अइसन विद्यालय पहिले से संचालित बा। सीएम योगी के मार्गदर्शन में आवासीय बेवस्था के संगे लईकियन के मुफ्त शिक्षा उपलब्ध करावे खातिर सहजनवा के हरपुर में जयप्रकाश नारायण सर्वोदय बालिका विद्यालय के निर्माण करावल गइल बा।

35.33 करोड़ के लागत से बनल जयप्रकाश नारायण सर्वोदय बालिका विद्यालय

जयप्रकाश नारायण सर्वोदय बालिका विद्यालय के निर्माण पs 35.33 करोड़ रुपिया के लागत आइल बा। सनीचर माने छह जुलाई के दुपहरिया बाद करीब तीन बजे एह विद्यालय के लोकार्पण करिहें। जयप्रकाश नारायण सर्वोदय विद्यालयन में कक्षा 6वीं से 12वीं तक उत्कृष्ट शिक्षा के संगे-संगे निशुल्क छात्रावास, पाठ्य पुस्तकन, यूनीफार्म आ खेलकूद आदि के बेवस्था प्रदेश सरकार करेले। एह विद्यालयन में 60 प्रतिशत अनुसूचित जाति-जनजाति, 25 प्रतिशत अन्य पिछड़ा वर्ग आ 15 प्रतिशत सामान्य वर्ग के छात्रन के प्रवेश दिहल जात बा। प्रवेश लेवे वालन में 85 प्रतिशत विद्यार्थी ग्रामीण क्षेत्रन के होला। सर्वोदय बालिका विद्यालय के सुभारंभ कार्यक्रम में मुख्यमंत्री सड़क, नाली निर्माण के पांच कामन के लोकार्पण आ बाढ़ बचाव के दुगो परियोजनन के शिलान्यास करिहें। सर्वोदय विद्यालय सहित लोकार्पण आ शिलान्यास के एह आठ कामन पs 54.70 करोड़ रुपिया के लागत आ रहल बा।

21.02 करोड़ रुपिया से बनल बा राजकीय पॉलिटेक्निक

सर्वोदय बालिका विद्यालय के सुभारंभ से पहिले छव जुलाई के सीएम योगी सहजनवा के हरदी में बनल राजकीय पॉलिटेक्निक के उद्घाटन करिहें। एकरा निर्माण पs 21.02 करोड़ रुपिया के लागत आइल बा। राजकीय पॉलिटेक्निक में शैक्षणिक आ प्रशासनिक भवन, वर्कशॉप, टाइप-वन, टू आ फोर के स्टाफ आवास, 60-60 के क्षमता के अलग-अलग बालक आ बालिका छात्रावास आदि के निर्माण करावल गइल बा।

बंधा, ओवरब्रिज आ सिक्सलेन के निरीक्षण करिहें मुख्यमंत्री

सनीचर के विकास परियोजनन के लोकार्पण आ शिलान्यास करे से पहिले मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पूर्वाह्न 11 बजे से मलौली-लहसडी बंधा के निरीक्षण करिहें। एकरा संगही ऊ निर्माणाधीन ट्रांसपोर्टनगर/दाउदपुर ओवरब्रिज आ सिक्सलेन मार्ग के जायजा लिहें।

अन्नपूर्णा हॉस्पिटल आ एचपी कैंसर हॉस्पिटल में नया मशीन के होई उद्घाटन

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के आगमन सुक माने पांच जुलाई के संभावित बा। सुक के अपराह्न ऊ सिविल लाइंस इलाका में जजेज कपाउंड के लगे अन्नपूर्णा हॉस्पिटल के उद्घाटन करिहें। एकरा बाद हनुमान प्रसाद (एचपी) पोद्दार कैंसर अस्पताल आ शोध संस्थान में कैंसर सिंकाई के चतुर्थ अत्याधुनिक मशीन (वरिआन हेलक्यान) के लोकार्पण करिहें।

साभार: दैनिक भास्कर

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।