टेक डेस्क। WhatsApp पs उपलब्ध ChatGPT के एगो बड़ अपडेट मिलल बा। अब यूज़र्स एह प्लेटफॉर्म पs खाली टेक्स्ट चैट ना बलुक इमेज जेनरेट करे के सुविधा के लाभ उठा सकी लो। दिसंबर 2024 में OpenAI ChatGPT के एगो कस्टम फोन नंबर के माध्यम से WhatsApp पs लॉन्च कइले रहे। अब चार महीना बाद एमे इमेज आ वॉयस इनपुट के बाद इमेज जेनरेशन के फीचर जुड़ गइल बा।
ChatGPT अब WhatsApp पs बनाई इमेज
OpenAI एह फीचर के घोषणा X (पहिले Twitter) पs कइलस। अब यूजर्स WhatsApp माध्यम ChatGPT से इमेज बनावे खातिर कह सकत बा, हालांकि कंपनी तकनीकी विवरण नइखे देले, बाकिर ई संभावना जतावल जा रहल बा कि ई सुविधा GPT-4o मॉडल पs आधारित बा, इ उहे मॉडल हs जवन वेबसाइट, डेस्कटॉप आ मोबाइल एप्स में इमेज जेनरेट करेला।
हमनी के परीक्षण में ई सामने आइल कि ChatGPT इमेज जेनरेट करे में करीब दु मिनट के समय लेत बा आ क्वॉलिटी ओइसने बा जइसन वेबसाइट आ एप पs मिलेला। जदि कवनो यूजर आपन OpenAI अकाउंट WhatsApp से लिंक नइखे कइले, तs ओकरा के हर 24 घंटा में खाली एगो इमेज जेनरेट करे के अनुमति होई।
अउरियो फीचर बा उपलब्ध
ChatGPT खाली इमेज बना सकत बा, बलुक ई टेक्स्ट-आधारित सवाल के जवाबो देला, कंटेंट तइयार करेला, इमेज के विश्लेषण कs सकत बा आ वॉयस नोट्स (टेक्स्ट रिप्लाई के रूप में) के उत्तरो दे सकत बा। हालांकि, ई अभियो वेब ब्राउजिंग नइखे कs सकत, माने हालिया भा लाइव इवेंट्स पz जानकारी नइखे दे सकत।
कइसे करीं इस्तेमाल?
यूजर्स ChatGPT के WhatsApp पs एक्सेस करे खातिर +1-800-242-8478 (1-800-ChatGPT) नंबर के सेव कs सकत बा लोग। फेर WhatsApp खोलके कॉन्टैक्ट लिस्ट के रिफ्रेश करीं आ ChatGPT लउके लागी।
Read Also: Share Market : गिरावट के बाद घरेलू शेयर बाजार में लवटल हरियाली, सेंसेक्स-निफ्टी के सपाट सुरुआत