Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CBSE Board 10th 2024 Result: सीबीएसई बोर्ड 10वीं रिजल्ट के ई हो सकत बा Date, जानीं कब आई रिजल्ट 

629

CBSE Board 10th 2024 Result: सीबीएसई बोर्ड 10वीं रिजल्ट के ई हो सकत बा Date, जानीं कब आई रिजल्ट

केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) कावर से 15 फरवरी से 13 मार्च 2024 तक आयोजित सेकेंडरी (क्लास 10) के वार्षिक परीक्षा के परिणाम के इंतजार एमे सम्मिलित भइल देस भर के लाखन स्टूडेंट्स के बा। अइसन में जबकि देस के सबसे बड़ यूपी बोर्ड सहित अलग-अलग राज्यन के बोर्ड कावर से परीक्षाफल बारी-बारी से घोषित कइल जा रहल बा, सीबीएसई बोर्ड से सम्बद्ध स्कूलन में बरिस 2023-24 के दौरान पंजीकृत छात्र-छात्रा लोग जे कि एह साल बोर्ड परीक्षा में सम्मिलित भइल रहे, अपना परीक्षाफल (CBSE Board Class 10th Result 2024) जारी कइल जाये के तारीख के लेके सोशल मीडिया पs सवाल पूछ रहल बा लो।

कब घोषित होई सीबीएसई बोर्ड सेकेंडरी एग्जाम के नतीजा?

सीबीएसई सेकेंडरी बोर्ड एग्जाम रिजल्ट जारी इल जाये के तारीख के ऐलान नइखे कइल बा। हालांकि, बोर्ड कावर से पहिला बरिसन में परिणाम घोषित करे के तिथि के जानकारी पहिले से नइखे कइल जात रहल बा। दूसरका ओर कइयन गो मीडिया रिपोर्ट्स में क्लास 10 बोर्ड एग्जाम रिजल्ट के घोषणा आज माने सुक, तीन मई 2024 के जारी कइल जाये के संभावनाएं जतावल जा रहल बा। अइसन में मानल जा सकत बा कि CBSE सेकेंड्री रिजल्ट (CBSE Board 10th Result 2024) के घोषणा कबो कइल जा सकत बा।

अइसन रहल बा पिछला बरिसन के ट्रेंड

ओहिजा, बात करीं पहिले के बरिसन में घोषित कइल गइल सीबीएसई सेकेंडरी बोर्ड एग्जाम रिजल्ट के तारीखन के तs 2023 में नतीजा 12 मई के घोषित कइल गइल रहे। एकरा पहिले 2022 में जब परीक्षा दु चरणन में भइल रहे तs टर्म-1 के रिजल्ट 19 मार्च के आ टर्म-2 के 22 जुलाई के घोषित कइल गइल रहे।

2024 – घोषित कइल जाये के बा
2023 – 12 मई
2022 टर्म-1 – 19 मार्च
2022 टर्म-2 – 22 जुलाई
2021 – 30 जुलाई
2020 – 13 जुलाई
2019 – 2 मई
2018 – 26 मई
2017 – 28 मई
2016 – 21 मई
2015 – 25 मई

811990cookie-checkCBSE Board 10th 2024 Result: सीबीएसई बोर्ड 10वीं रिजल्ट के ई हो सकत बा Date, जानीं कब आई रिजल्ट 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.