Bihar Election 2025 : ‘घुसपैठियन के पहचान कs के वापस भेजल जाई’, पूर्णिया में अमित शाह के बड़ बयान

Share

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव में प्रचार खातिर गृहमंत्री अमित सनिचर के पूर्णिया पहुंचलें। इहां ऊ एगो जनसभा के संबोधित करत राहुल गांधी आ तेजस्वी यादव पs जोरदार हमला बोलले। ऊ कहलें कि कांग्रेस नेता राहुल गांधी आ राजद के तेजस्वी यादव बिहार के सीमांचल क्षेत्र के घुसपैठियन के अड्डा बनावे पs तुलल बा लोग।

ऊ कहलें कि केंद्र हर अवैध प्रवासी के पहचान करी, ओकर नाम मतदाता सूची से हटाई आ ओकरा के निर्वासित करी। पूर्णिया में एगो चुनावी रैली के संबोधित करत शाह दावा कइलें कि एनडीए 243 सदस्यीय विधानसभा में 160 से जादे सीट जीतके बिहार में सरकार बनाई।

6 नवंबर के भइल पहिला चरण के मतदान के जिकिर करत ऊ  दावा कइलें कि आधा राज्य कांग्रेस-राजद गठबंधन के पहिलही बाहर के रास्ता देखा देले वा।

राहुल गांधी आ तेजस्वी यादव बिहार के सीमांचल क्षेत्र के घुसपैठियन के अड्डा बनावे पs तुलल बा लोग। हमनी के हर अवैध प्रवासी के पता लगाएम सs आ ओकनी के पहचान करेम सs, नाम मतदाता सूची से हटाएम सs आ ओकनी के ओह लोगन के देस वापस भेज देहम सs।

‘पाकिस्तान के गोली के जवाब गोला से’

अमित शाह कहलें कि सोनिया गांधी, मनमोहन सिंह आ लालू यादव के सरकारन के दौरान आतंकवादी कश्मीर में खुलेआम घुसत रहलें सs आ हमला कs के निकल जात रहलें सs। मोदी जी के कार्यकाल में जब ऊ उरी पs हमला कइलें स s, तs हमनी के सर्जिकल स्ट्राइक कइनी सs। जब ऊ पुलवामा पs हमला कइलें सs, तs हमनी के एयर स्ट्राइक से जवाब देनी सs आ जब ऊ पहलगाम में हमनी तीर्थयात्रियन के मरले सs, तs हमनी के ऑपरेशन सिंदूर चलवनी सs आ पाकिस्तान में घुसके आतंकवादियन के सफाया कइनी सs।

ऊ कहलें कि मोदी जी सुनिश्चित कइले बानी कि बिहार में एगो रक्षा गलियारा बनावल जाई आ हम रउआ सभे के विश्वास दिलावत बानी कि जदि भविष्य में आतंकवाकी कवनो हरकत कइले सs, तs ओकनी के ‘गोली’ के जवाब ‘गोला’ से दिहल जाई।

Read Also: UP Board Date Sheet 2026: यूपी बोर्ड 10वीं-12वीं के डेटशीट जारी, 18 फरवरी से 12 मार्च तक होई परीक्षा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-