BCCI Naman Awards : बीसीसीआई रोहित शर्मा के जगह शुभमन गिल के बतवलस चैंपियंस ट्रॉफी के विजेता कप्तान, फैंस  जमके निकालल लोग भड़ास

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के पूर्व कप्तान रोहित के फैंस भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) से बहुते नाराज हो गइल बा लोग। असल में, बीसीसीआई के नमन अवॉर्ड्स समारोह के दौरान एगो बड़ गलती हो गइल। एह कार्यक्रम में शुभमन गिल के आईसीसी चैपिंयस ट्राफी 2025 के विजेता कप्तान के रूप में दिखा दिहल गइल, जबकि असल में ई ट्रॉफी भारत रोहित शर्मा के कप्तानी में जीतल रहे। एह गलती के बाद सोशल मीडिया पs फैंस बीसीसीआई पs जमके भड़ास निकालत बा लोग।

हाले में बीसीसीआई साल 2025 में बढ़िया प्रदर्शन करे वाला खिलाड़ियन के सम्मानित कइलस। एह कार्यक्रम में भारत के ऊ कप्तान लोग मवजूद रहे, जे 2025 आ 2026 में आईसीसी ट्रॉफी जीतले बा। हालांकि रोहित शर्मा कार्यक्रम में मवजूद ना रहस, बाकिर आईसीसी चैपिंयस ट्राफी भारत उनका कप्तानी में जीतल गइल रहे। कार्यक्रम के दौरान स्क्रीन पs देखावल गइल ग्राफिक्स में गलती से शुभमन गिल के चैंपियंस ट्रॉफी के विजेता कप्तान बता दिहल गइल, जवना के देख के फैंस नाराज हो गइलें।

समारोह के दौरान जब भारतीय टेस्ट आ वनडे टीम के कप्तान शुभमन गिल स्टेज पs खड़ा होके चैंपियंस ट्रॉफी के जीत पs बात करत रहस, तब स्क्रीन पर ग्राफिक्स में “Winning Captain – Champions Trophy 2025” उनकर नाम के संगे देखावल गइल। एह गलती के चलते सोशल मीडिया पs चरचा सुरू हो गइल।

सब लोग जानेला कि आईसीसी चैपिंयस ट्राफी 2025 भारत रोहित शर्मा के कप्तानी में जीतल रहे। फाइनल मैच में भारत न्यूजीलैंड के हराके ई खिताब अपना नामे कइले रहे। एह टूर्नामेंट में शुभमन गिल टीम के महत्वपूर्ण बल्लेबाज रहस। ऊ कुल 188 रन बनवले रहलें, जवना में बांग्लादेश के खिलाफ नाबाद 101 रन के सानदार पारी सामिल रहे।

एह घटना के बाद कइयन गो फैंस सोशल मीडिया पs नाराजगी जतावल। कुछ लोग लिखलस कि बीसीसीआई इतिहास बदले के कोसिस करत बा, जबकि दोसर फैंस एह गलती के दिनदहाड़े चोरी बतावल लोग।

हालांकि शुभमन गिल खातिर साल 2025 बहुत शानदार रहल। इंग्लैंड के खिलाफ पांच टेस्ट मैच के सीरीज में ऊ 754 रन बनवले, जवना में चार शतक आ 269 रन के सबसे बड़ स्कोर सामिल रहे। पूरा साल ऊ टेस्ट क्रिकेट में 983 रन बनवले आ वनडे में नंबर-1 बल्लेबाज बनल रहलें। एकरा संगे-सगे आईसीसी चैपिंयस ट्राफी 2025 में उनका बल्लेबाजी से टीम के बड़ा फायदा मिलल।

Read Also: SI Recruitment : बोर्ड करी विवादित प्रश्न के जांच, ब्लैक लिस्ट हो सकेले पेपर बनावे वाली कंपनी, एफआईआरो होई

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-