Andhra Pradesh Accident : आंध्र प्रदेश में बड़ हादसा, बस खाई में गिरला से 9 लोगन के मौत; कइयन लोग घायल

Andhra Pradesh bus accident, vehicle falls into gorge leaving 9 dead and many injured

Share

सेंट्रल डेस्क। आंध्र प्रदेश के अल्लूरी सीतारमा राजू (ASR) जिला से एगाे बड़ दुखद हादसा सामने आ रहल बा। चिंतूरू आ भद्राचलम के बीच घाट रोड पs एगो प्राइवेट बस गहिराह खाई में गिर गइल। एह भीषण हादसा में कम से कम 9 लोगन के जान चल गइल आ कइयन लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल।

सबेरे भइल हादसा

जानकारी के माेताबिक ई हादसा आज सबेरे भइल। ASR जिला कलेक्टर दिनेश कुमार बतवलें कि बहुत लोग घायल बा। घायलन के भद्राचलम अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा, जहवां कइयन गो लोग के हालत बहुते नाजुक बतावल जा रहल बा।

हादसा कइसे भइल एकर जांच जारी

हादसा के बाद अधिकारी लोग घटनास्थल पs पहुंच गइल बा। प्रशासन के तरफ से कहल गइल बा कि हादसा काहे भइल, एह बात के जांच चल रहल बा। मरल लोगन के पहचान करे के काम तेजी से हो रहल बा।

सीएम नायडू जतवलें दुख

आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री एन चंद्रबाबू नायडू एह घटना पs गहिराह दुख जतवलें। उ कहलें कि “अल्लूरी सीताराम राजू जिला में यात्रियन के ले जा रहल एगो प्राइवेट बस के एक्सीडेंट बहुते दिल दहला देवे वाला बा। कइयन लोगन के जान गइला से हम बहुते दुखी बानी। अधिकारी लोग से बात कs के घायलन के बेहतर इलाज खातिर जरूरी निरदेस दे दिहल गइल बा। सरकार पीड़ित परिवारन के पूरा सहजोग करी।”

अरुणाचल प्रदेश में बड़ हादसा, 21 लोग के मौत के आशंका

एह घटना के एक दिन पहिले अरुणाचल प्रदेश के अंजॉ जिला में एगो बड़ हादसा भइल। पुलिस के अनुसार, असम के तिनसुकिया जिला के 22 लोग ड्राइवर सहित मिनी ट्रक से सफर करत रहे। ट्रक हयुलियांग-चगलागाम रोड पs गहिराह खाई में गिर गइल। एह घटना में कम से कम 21 लोग के मरला के आशंका जतावल गइल बा।

Read Also : Rupee vs Dollar : रुपिया फेर से धड़ाम, 54 पईसा गिरल, अब तक के सबसे निचला स्तर पs पहुंचल- जानीं का बा कारण?

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-