[the_ad_group id="30365"]

Rupee vs Dollar : रुपिया फेर से धड़ाम, 54 पईसा गिरल, अब तक के सबसे निचला स्तर पs पहुंचल- जानीं का बा कारण?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। भारत-अमेरिका बेयपार समझौता मार्च 2026 तक हो सकेला। ई खबर बाहर आवते बाजार में हलचल मच गइल बा। बियफे के अंतर-दिवसीय कारोबार में रुपिया अमेरिकी डॉलर के मुकाबले 54 पईसा कमजोर पड़ गइल आ गिरके 90.48 के सर्वकालिक निचला स्तर पs पहुंच गइल। फॉरेक्स ट्रेडरन के मानल जावs तs मुख्य आर्थिक सलाहकार वी. अनंत नागेश्वरन के कथित बयान कि भारत-अमेरिका बेयपार समझौता मार्च तक फाइनल हो सकेला- रुपिया पs भारी पड़ल।

डॉलर के मांग बढ़ल, निवेशकन के भरोसा डगमगाइल

बाजार में रिस्क से बचे के माहौल आ आयात करेवाला लोग के बढ़ल मांग से डॉलर मजबूत भइल।
अंतरबैंक फॉरेक्स बाजार में रुपिया 89.95 पs खुलल, धीरे-धीरे फिसलत-फिसलत 90.48 के अंदर-दिन के रिकॉर्ड निचला स्तर पs पहुंच गइल। पिछिला दिन रुपिया 89.87 पs इस्थिर रहल, बाकिर आज जोरदार गिरावट देखे के मिलल।

जानकारन के मोताबिक, बेयपार समझौता संबंधी बयान के बाद रुपिया 90.4825 के नया ऐतिहासिक न्यूनतम स्तर छू लेलस।

मेक्सिको के टैरिफ बढ़ावे के फैसला असरदार

मेक्सिको कहलस कि ऊ भारत सहित कइयन गो एशियाई देसन से आवे वाला सामान पs 50% तक टैरिफ लगाई।
फॉरेक्स विशेषज्ञ अनिल कुमार भंसाली के कहनाम बा कि “अमेरिका आ जापान में दीर्घकालिक ब्याज दर बढ़ल बा। एह चलते रुपिया के कवनो सहारा नइखे मिलत।”

अमेरिका से बातचीत- ‘सबसे बढ़िया प्रस्ताव’ मिलल

अमेरिकी बेयपार प्रतिनिधि जैमीसन ग्रीर बतवलें कि भारत से अमेरिका के अब तक के सबसे बढ़िया प्रस्ताव मिलल बा। ऊ कहलें कि भारत में मक्का, सोयाबीन, गेहूं, कपास के जइसन फसलन आ कुछ मांस उत्पाद पs प्रतिरोध बा। दुनो देस प्रस्तावित द्विपक्षीय बेयपार समझौता (BTA) के पहिला चरण पूरा करे में जोर लगा रहल बा।

डॉलर इंडेक्स आ तेल कीमत में गिरावट

डॉलर इंडेक्स 0.17% गिरके 98.61 पs आ गइल, जबकि ब्रेंट क्रूड 1.17% टूटके 61.48 डॉलर प्रति बैरल पs ट्रेड करत रहे।

घरेलू शेयर बाजार में तेजी देखे के मिलल-

सेंसेक्स 443.66 अंक चढ़के 84,834.93 आ निफ्टी 141.05 अंक बढ़के 25,899.05 पs पहुंचल। एकरा संगही, बिदेसी निवेशक बुध के दिन 1,651.06 करोड़ के शेयर बेच दिहल लोग।

Read Also: Power Bank : पावर बैंक बनल खतरा, 3.60 करोड़ के प्रॉपर्टी राख में बदलल, 11 लोग झुलसाल, अब अमेजन करत बा रिकॉल

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]