Aviation : अकासा एयर 15 मार्च से लगाई ईंधन अधिभार, टिकट 199 से 1300 रुपिया तक महंगा होई

Share

नई दिल्ली। अकासा एयर घोषणा कइले बा कि 15 मार्च 2026 से घरेलू आ अंतरराष्ट्रीय उड़ान के टिकट पs ईंधन अधिभार (Fuel Surcharge) लागी। एयरलाइन के मोताबिक, एह अतिरिक्त शुल्क से घरेलू टिकट 199 रुपिया से 1,300 रुपिया तक महंगा हो सकेला। एह डेग के कारण अब यात्री लोग के यात्रा खातिर तनिका जादे पईसा देवे के पड़ी।

पिछिला कुछ समय से वैश्विक बाजार में कच्चा तेल के कीमत में लगातार उतार-चढ़ाव देखल जा रहल बा। ई सीधे विमानन कंपनियन के परिचालन लागत पs असर डाल रहल बा। ईंधन लागत कंपनियन के कुल खर्च के एगो बड़ हिस्सा हs। अधिभार के मकसद बढ़ल खर्च के बोझ कम कइल बा। यात्री लोग के टिकट बुक करत समय एह अतिरिक्त शुल्क के ध्यान में रखे के पड़ी, काहे कि ई मूल टिकट कीमत के ऊपर लागी। एयरलाइन कहले बा कि ऊ लगातार बाजार के इस्थिति के निगरानी करत रही।

यात्रियन पs असर आ लागू तिथि

ई नया ईंधन अधिभार 15 मार्च से प्रभावी होई। मतलब, एह दिन के बाद बुक कइल हर टिकट पs ई शुल्क लागू होई। यात्री लोग के यात्रा योजना बनावत घरी एह अतिरिक्त खरचा के धेयान में रखे के जरूरत बा। एह से हवाई यात्रा तनिका महंगा हो जाई।

पश्चिम एशिया में चल रहल तनाव आ जेट फ्यूल के तेज बढ़त के बाद, एअर इंडिया, इंडिगो आ एअर इंडिया एक्सप्रेस पहिलही ई निर्णय ले चुकल बा। अब अकासा एयर एही दिशा में डेग उठा रहल बा।

Read Also: Patna Accident : पटना में गंगा स्नान के दौरान बड़ हादसा, चार गाे लईकी डूबली सs, बचावे गइल लोग फंसल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-